[the_ad_group id="30365"]

राजस्थान पुलिस के हिरासत में शहाबुद्दीन के बेटा ओसामा: दु दोस्तन के संगे गोवा जात रहे…कोटा में पकड़ाइल, आज कोर्ट में पेशी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान के पूर्व सांसद मो. शहाबुद्दीन के बेटा ओसामा शहाब के राजस्थान के कोटा से हिरासत में लिहल गइल बा। कोटा पुलिस एकर आधिकारिक पुष्टि कs देले बिया। पुलिस के मोताबिक, ओसामा के संगे ओकर दोस्त वसीम, सेफ के हिरासत में लिहल गइल बा।

बतावल जा रहल बा कि तीनों दिल्ली से गोवा जा रहल बा। एही दौरान कोटा के रामगंजमंडी थाना क्षेत्र के उंडवा नाके पs जांच के दौरान पुलिस के उनकर बेवहार संदिग्ध लागल। जवना के बाद पुलिस ई कार्रवाई कइलस। बता दीं कि उनका परs सीवान में दु आ मोतिहारी में एगो केस दर्ज बा। सब ममिला रंगदारी आ धमकी देवे से जुड़ल बा।

पुलिस का कहलस-

रामगंजमंडी थाना SHO मनोज बेरीवाल ने बताया कि तीनों कार से गोवा जा रहे थे। दोपहर में नाकेबंदी के दौरान उंडवा नाके पर कार को रुकवाया। कार में बिहार के सीवान जिला निवासी तीन लोग सवार थे। पूछताछ में संदिग्ध बेवहार होखला के चलते तीनों के थाना लेके आइल। सांझ के ओसामा (29), वसीम आ सेफ के IPC के धारा-151 के तहत हिरासत में रखल गइल बा। मंगर के इनका के एसडीएम कोर्ट में पेश कइल जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]