Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भूमि विवाद में जमके मारपीट, सात लोग जख्मी

453

मशरक: मशरक थाना क्षेत्र के गंडामन गांव में भूमि विवाद में जमके मारपीट हो गइल। लाठी, डंडा आ रॉड से महिला आउर पुरुष समेत 7 लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल। जेकरा के गंभीर हालत में इलाज खातिर सामुदायिक स्वास्थ केंद्र मशरक में भरती करावल गइल। घायलन के पहचान गंडामन गांव निवासी स्व० चानू राम के 62 बरिस के लईका नयन राम, नयन राम के 55 बरिस के पत्नी पार्वती देवी, नयन राम के 24 बरिस के लईका मिंटू राम, 34 बरिस के लईका रविंद्र राम, हरिराम के 55 बरिस के पत्नी किशनवती देवी, रविंद्र राम के 30 बरिस के पत्नी बबीता देवी, रविंद्र राम के 14 बरिस के बेटी रौशनी कुमारी के रूप में भइल। घटना के बारे में घायल लोग बतावल कि पड़ोसी भूमि विवाद में लाठी, डंडा आ रॉड से लैस होके सभे के मारपीट कs के गंभीर रूप से घायल कs दिहल लो। मवका पs पुलिस के सूचना दिहल गइल। पुलिस जांच में जुटल बिया।

561110cookie-checkभूमि विवाद में जमके मारपीट, सात लोग जख्मी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.