[the_ad_group id="30365"]

भूमि विवाद में जमके मारपीट, सात लोग जख्मी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक: मशरक थाना क्षेत्र के गंडामन गांव में भूमि विवाद में जमके मारपीट हो गइल। लाठी, डंडा आ रॉड से महिला आउर पुरुष समेत 7 लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल। जेकरा के गंभीर हालत में इलाज खातिर सामुदायिक स्वास्थ केंद्र मशरक में भरती करावल गइल। घायलन के पहचान गंडामन गांव निवासी स्व० चानू राम के 62 बरिस के लईका नयन राम, नयन राम के 55 बरिस के पत्नी पार्वती देवी, नयन राम के 24 बरिस के लईका मिंटू राम, 34 बरिस के लईका रविंद्र राम, हरिराम के 55 बरिस के पत्नी किशनवती देवी, रविंद्र राम के 30 बरिस के पत्नी बबीता देवी, रविंद्र राम के 14 बरिस के बेटी रौशनी कुमारी के रूप में भइल। घटना के बारे में घायल लोग बतावल कि पड़ोसी भूमि विवाद में लाठी, डंडा आ रॉड से लैस होके सभे के मारपीट कs के गंभीर रूप से घायल कs दिहल लो। मवका पs पुलिस के सूचना दिहल गइल। पुलिस जांच में जुटल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]