[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: अनाथ आश्रम के आड़ में बेचल जात रहे लईकन के, अपने बुनल जाल में फंसके गिरोह के भइल भंडाफोड़

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के तिवारीपुर के डोमिनगढ़ में पकड़ाइल मऊ निवासी शेखर अपना साथियन संगे अनाथ आश्रम के आड़ में लईकन के खरीद-फरोख्त के गिरोह संचालित करेला। एगो लईका के मां के प्रलोभन देके शेखर गिरोह के गुर्गन के साथ ले जाये के साजिश रचले रहे। बाकिर, अपने बुनल जाल में आरोपी फंस गइल। पुलिस दस महीना के लईका अंश के बरामद करत गिरोह में शामिल सात लोगन के गिरफ्तार कs के घटना के पर्दाफाश कs देलस। ओहिजा, घटना में वांछित पांच नामजद लोगन के तलाश में पुलिस जुटल बिया।

ओने, मऊ में संचालित अनाथ आश्रम से अब तक गोद दिहल गइल लईकन के जांच की जिम्मेदारी सीओ बांसगांव के सउपल गइल बा। गिरोह के पर्दाफाश करे वाला तिवारीपुर एसओ मनद मिश्रा आ एसओजी प्रभारी मनीष यादव के टीम के एसएसपी 20 हजार रुपिया के इनाम देवे के घोषणा कइलस।

पुलिस लाइंस में बुध के एसपी सिटी कृष्ण कुमार बिश्नोई प्रेस कांफ्रेंस कs के घटना के पर्दाफाश कइले। एसपी बतवले कि कैंपियरगंज के तेनूआ विश्मभरपुर निवासी शायदा खातून उर्फ गुड़िया के दस महीना के लईका अंश के लेके गिरोह के सदस्य फरार भइल रहे, जवना के बरामद कइल गइल रहे। गुड़िया दु साल पहिले चिलुआताल के दुर्गापुर निवासी मनीष यादव से प्रेम विवाह कइले रहे। करीब एक साल पहिले पति ओकरा के छोड़ देलस आ ऊ गोरखनाथ के राजेंद्र नगर में किराया के कमरा में रहे लागल। उहवें ओकर मुलाकात पति के दोस्त आ बांसगांव के कौसा बाजार निवासी अनिल पासवान से हो गइल। अनिल मदद के नाम पs कुछ रुपिया गुड़िया के दिहल करत रहे। अनिल अपना दोस्त राजेंद्र नगर निवासी जितेंद्र भारती, कौसा निवासी अनुराधा मिश्रा उर्फ गोल्डी, आपन बेटी आ दु गो अज्ञात लोगन के संगे गुड़िया से मुलाकात कइलस।

सभे मिलके कहल कि तहरा लईका के एगो आदमी के दिखावे के बा, ऊ कुछ रुपियन के मदद कर सकेला। गुड़िया कुछ समझ ना सकल। एने जितेंद्र एगो नर्सिंग होम के पैथॉलॉजी में काम करे वाला मनीष से संपर्क कइलस। मनीष, कुशीनगर के अंकित मिश्रा के संघतिया हs। इलियाज, जितेंद्र, अंकित, अंकुर सिंह आ शेखर पहिले से दोस्त हs लो। सभे मिलके शेखर के बतावल कि एगो दस महीना के लईका बा आ 45 हजार रुपिया में ओकर माई मान जाई। एह पs शेखर अपना पत्नी के दिखावे के बहाने आइल आ फेर किराया पs गाड़ी बुक कs के अंकित से नौसड़ चौक पs मिलल। ओने, गुड़िया को गुमराह कs के अंकुर, जितेंद्र आदि लेके डोमिनगढ़ के लगे आ गइल लो। अंकुर के घर डोमिनगढ़ के लगे बा, एही वजे से ओहि जगे पs साजिश रचल गइल।

मां के आवतही अंकुर गोदी में लईका के लेलस आ फेर रुपिया लेके ओमे से पांच हजार मां के हाथ पs रख देलस आ शेखर के ओर इशारा कs के चोर-चोर कहके चिल्लाये लागल। भीड़ जुटला पs अंकुर रुपिया आउर लईका दुनो के लेके फरार हो गइल। एकरा बाद पुलिस पूरा प्रकरण के जांच के घटना के पर्दाफाश कइले बिया। एसपी बतवले कि शेखर के पत्नी आ चालक के भूमिका ना मिलला पs ओह लो के छोड़ दिहल गइल बा। ममिला में गुड़िया के तहरीर पs केस दर्ज कइल गइल बा।

सात के भइल गिरफ्तारी, पांच वांछित

पुलिस मऊ जनपद के गोहना मुहम्मदाबाद थाना क्षेत्र के सेखवारा निवासी आ अनाथ आश्रम संचालक शेखर तिवारी, चिलुआताल के झुंगिया बाजार निवासी अनिल पासवान, गोरखनाथ इलाका के राजेंद्र नगर निवासी जितेंद्र भारती, बांसगांव के भैंसवा निवासी अनुराधा मिश्रा उर्फ गोल्डी पत्नी मनोज मिश्रा, कुशीनगर के हाटा थाना क्षेत्र के मठिया निवासी अंकित मिश्रा, गगहा के सिहाइचपार निवासी इलियाज खां आ संतकबीरनगर के महुली थाना क्षेत्र के चंदापार निवासी पुष्पा देवी के गिरफ्तार कइले बिया। एकरा अलावे मनीष मिश्रा, अंकुर सिंह, रवि, टूनटून, छोटू आ कुछ अज्ञात के तलाश में पुलिस टीम लागल बिया।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]