[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News : कस्तूरबा विद्यालय में छात्रा लोगन के पीटत रहली वार्डेन, वीडियो वायरल- डीएम सेवा कइले समाप्त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कस्तूरबा गांधी आवासीय बालिका विद्यालय खजनी के छात्रा लोगन के पीटे के आरोप में वार्डेन अर्चना पांडेय पs सोमार के बड़ कार्रवाई भइल बा। जिलाधिकारी के अनुमोदन पs बीएसए रमेंद्र कुमार सिंह वार्डेन के संविदा समाप्त कs देलें। सोमार के वार्डेन लिखित स्पष्टीकरण बीएसए के सउपली, जवना के परीक्षण कइल गइल। संविदा के सेवा शर्तन के उल्लंघन पावल गइला पs ई कार्रवाई कइल गइल।

सुक के सोशल मीडिया पर एगो वीडियो वायरल भइल रहे। था। जेमे खजनी के कस्तूरबा गांधी बालिका विद्यालय में वार्डेन अर्चना पांडेय छात्रा के डंडा से मारत दिख रहल बाड़ी। एकरा बाद वीडियो में एक-एक कs के कइयन गो छात्रा चोट देखावत वार्डेन पर मारे के आरोप लगावल गइल। एह ममिला के जानकारी होखला पs बीएसए तीन सदस्यीय टीम जांच खातिर कस्तूरबा विद्यालय में सनीचर के भेजलें।

टीम से कस्तूरबा विद्यालय के छात्रा लोग बतावल लो कि वार्डेन सीसीटीवी कैमरा बंद कs के ओह लोगन से पूरा स्कूल में झाड़ू-पोछा लगवावेली। साबुन, तेल, सर्फ, सेनेटरी पैड आउर काॅपी मंगला पs अपशब्दन के प्रयोग करत देवे से मना कs दिहल जाला। फिनायल आ एसिड से शौचालय साफ करवावल जाला, एकरा खातिर ओह लोगन के ब्रश तक ना दिहल जाला।

रसोइया के ओर से भोजन पकावे में घोर लापरवाही बरतल जाला। वार्डेन के ओर से मेन्यू के अनुसार भोजन ना बनवावल जाला। एह आरोपन के आधार पs जांच टीम रिपोर्ट तइयार कs के बीएसए के सौउपले रहे। एह आरोपन पs बीएसए वार्डेन से सोमार के ऑफिस आके स्पष्टीकरण देवे के निरदेस देले रहस।

बीएसए रमेंद्र कुमार सिंह बतवलें कि कस्तूरबा विद्यालय जाके टीम जांच कइले रहे। जेमे वार्डेन पs कइयन गो गंभीर आरोप छात्रा लोगन के ओर से लगावल गइल रहे। जांच में वार्डेन पs लागल आरोप सही पावल गइल। शर्तन के उल्लंघन करे के आरोप में वार्डेन के संविदा समाप्त कs दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]