Sensex Opening Bell: उतार-चढ़ाव के बीच पहिला बेर 79000 के पार सेंसेक्स, निफ्टी 24000 पार करे के दहलीज पs 

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 27, 2024

घरेलू शेयर बाजार में हफ्ता के चउथा कारोबारी दिन उतार-चढ़ाव के संगे कारोबार होत लउक रहल बा। एह दौरान सुरुआती कमजोरी से निपटला के बाद बाजार नया ऑल टाइम हाई पs पहुंच गइल। हालांकि ऊपरी

Share

शेयर बाजार में लउकल उछाल

घरेलू शेयर बाजार में हफ्ता के चउथा कारोबारी दिन उतार-चढ़ाव के संगे कारोबार होत लउक रहल बा। एह दौरान सुरुआती कमजोरी से निपटला के बाद बाजार नया ऑल टाइम हाई पs पहुंच गइल। हालांकि ऊपरी स्तरन में बाजार में फेर बिकवाली आ गइल।

बियफे के पहिला बेर सेंसेक्स 79000 के पार पहुंचे में सफल रहल। ओहिजा, निफ्पटियो पहिला बेर 24000 के करीब पहुंच गइल। कारोबारी सत्र के दौरान सेंसेक्स अपना नया उच्चतम स्तर 79033.91 पs पहुंच गइल। एह दौरान निफ्टियो अपन सर्वोच्च स्तर 23,974.70 तक जाये में सफल रहल।

एकरा पहिले हफ्ता के चउथा कारोबारी दिन घरेलू शेयर बाजार में गिरावट लउकल। बियफे के सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 150 अंकों से जादे टूट गइल। दूसरका ओर, निफ्टियो कमजोर होके 23850 से फिसल गइल। एह दौरान टेक सेक्टर के शेयरन पs दबाव लउकल। ओहिजा, इंडिया सीमेंट के शेयर 11% तक चढ़ गइल।

सबेरे 9 बजकर 40 मिनट पs सेंसेक्स 69.58 (0.08%) अंकन के गिरावट के संगे 78,653.62 पs पहुंच गइल। दूसरका ओर, निफ्टी 48.40 (0.20%) अंक फिसल कs के 23,846.75 पs पहुंच गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.