Sensex Opening Bell: शेयर बाजार में सुस्ती; सेंसेक्स 52.33 अंक टूटल, निफ्टी 25400 के नीचे

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 17, 2024

Sensex Opening Bell: शेयर बाजार में सुस्ती; सेंसेक्स 52.33 अंक टूटल, निफ्टी 25400 के नीचे आज रात से सुरू हो रहल यूएस फेड के दु दिन के महत्वपूर्ण बैठक के पहिले घरेलू शेयर बाजार में

Share

शेयर बाजार

Sensex Opening Bell: शेयर बाजार में सुस्ती; सेंसेक्स 52.33 अंक टूटल, निफ्टी 25400 के नीचे

आज रात से सुरू हो रहल यूएस फेड के दु दिन के महत्वपूर्ण बैठक के पहिले घरेलू शेयर बाजार में निवेशक सतर्कता बरतत दिखल लो। मंगर के एफएमसीजी शेयरन में खरीदारी के बादो सेंसेक्स आ निफ्टी में सुस्ती देखल गइल। ब्रिटानिया, टाटा कंज्यूमर आ एचयूएल में 1% के तेजी रहल, जबकि टाटा मोटर्स के शेयरन में 2% से जादे के गिरावट आइल। ब्लूचिप कंपनी के शेयरन में ई गिरावट ओकरा 1.9 करोड़ शेयरन के एगो बड़ ब्लॉक डील के बाद आइल।

सबेरे 10 बजकर 03 मिनट पs सेंसेक्स 68.03 (0.08%) अंक टूटके 82,919.03 के स्तर पs कारोबार करत दिखल। ओहिजा, दूसरका ओर निफ्टी 7.75 (0.03%) अंक फिसल गइल। एमे 25,376.00 के स्तर पs कारोबार होत लउकल।

हाले में सूचीबद्ध बजाज हाउसिंग फाइनेंस के शेयर बीएसई पs 10% बढ़के 181.48 रुपिया पs पहुंच गइल। लिस्टिंग के दिन आईपीओ निवेशकन के पईसा दोगुना से जादे हो गइल रहे। गोल्डमैन सैक्स के ओर से 160 रुपिया के लक्ष्य मूल्य के संगे शेयर पs कवरेज सुरू करे से ओला इलेक्ट्रिक के शेयरन में 5% के बढ़न्ती भइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.