Sensex Opening Bell: शेयर बाजार में लवटल हरियाली; सेंसेक्स 800 अंक चढ़ल, निफ्टी 23700 के पार पहुंचल 

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 19, 2024

निचला स्तरन पर मूल्य-खरीद के संगे-संगे ब्लू-चिप स्टॉक रिलायंस इंडस्ट्रीज आ टाटा कंसल्टेंसी सर्विसेज में खरीदारी के कारण इक्विटी बेंचमार्क सूचकांक सेंसेक्स आ निफ्टी में मंगर के सुरुआती कारोबार में तेजी आइल। मजबूत वैश्विक रुझान

Share

निचला स्तरन पर मूल्य-खरीद के संगे-संगे ब्लू-चिप स्टॉक रिलायंस इंडस्ट्रीज आ टाटा कंसल्टेंसी सर्विसेज में खरीदारी के कारण इक्विटी बेंचमार्क सूचकांक सेंसेक्स आ निफ्टी में मंगर के सुरुआती कारोबार में तेजी आइल। मजबूत वैश्विक रुझान आ घरेलू संस्थागत निवेशकन के निरंतर खरीदारी से बाजार में तेजी आइल।

सुरुआती कारोबार में बीएसई के सेंसेक्स 591.19 अंक बढ़के 77,930.20 अंक पs पहुंच गइल। ओहिजा, एनएसई के निफ्टी 188.5 अंक बढ़के 23,642.30 अंक पs पहुंच गइल। कारोबार सुरू होखला के तनिका देर बाद सेंसेक्स 800 अंकन के पार कारोबार करत दिखल, ओहिजा निफ्टी 23700 के स्तर पार कs गइल।

महिंद्रा एंड महिंद्रा, अदाणी पोर्ट्स आ टाटा मोटर्स के शेयरन में तेजी

सेंसेक्स के 30 शेयरन में से महिंद्रा एंड महिंद्रा, अदाणी पोर्ट्स, टाटा मोटर्स, इंफोसिस, टाटा कंसल्टेंसी सर्विसेज, अल्ट्राटेक सीमेंट, टेक महिंद्रा आ रिलायंस इंडस्ट्रीज में सबसे जादे लाभ रहल। बजाज फिनसर्व आ कोटक महिंद्रा बैंक पिछड़ गइल। एक्सचेंज के आंकड़न के अनुसार, बिदेसी संस्थागत निवेशक (एफआईआई) सोमार के 1,403.40 करोड़ रुपिया के शेयर बेचल लो, जबकि घरेलू संस्थागत निवेशक (डीआईआई) 2,330.56 करोड़ रुपिया के शेयर किनल लो।

वैश्विक बाजारन में दिखल सकारात्मक रुझान

एशियाई बाजारन में सियोल, टोक्यो आ हांगकांग में तेजी रहल, जबकि शंघाई में गिरावट दर्ज कइल गइल। सोमार के अमेरिकी बाजार जादेतर बढ़त के संगे बंद भइल। वैश्विक तेल बेंचमार्क ब्रेंट क्रूड 0.26 प्रतिशत बढ़के 73.49 डॉलर प्रति बैरल पs पहुंच गइल।

सोमार के लगातार चउथा दिन 30 शेयरन वाला बीएसई सेंसेक्स 241.30 अंक भा 0.31 प्रतिशत गिरके 77,339.01 पs बंद भइल रहे। लगातार सातवां दिन गिरावट के संगे निफ्टी 78.90 अंक भा 0.34 प्रतिशत गिरके 23,453.80 पs बंद भइल रहे।

रुपिया डॉलर के मुकाबला 2 पईसा बढ़के 84.40 पs पहुंचल 

घरेलू शेयर बाजारन में सुधार आ प्रमुख एशियाई प्रतिद्वंद्वियन के मुकाबले अमेरिकी मुद्रा के कमजोर होखला के बीच मंगर के सुरुआती कारोबार में रुपिया अमेरिकी डॉलर के मुकाबले दु पईसा से बढ़के 84.40 रुपिया प्रति डॉलर पs पहुंच गइल। हालांकि, बिदेसी मुद्रा बेयपारी लोग कहल कि बिदेसी निधियन के सतत निकासी आ कच्चा तेल के कीमतन में तेजी के कारण स्थानीय मुद्रा पs दबाव पड़ल आ एकर तीव्र बढ़त पs रोक लाग गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.