Sensex Opening Bell: शेयर बाजार के सुस्त सुरुआत; सेंसेक्स 100 अंक फिसल, निफ्टी 25400 के नीचे

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 18, 2024

अमेरिकी फेड के ब्याज दरन पs बहुप्रतीक्षित फैसला से पहिले बुध के सुरुआती कारोबार में बेंचमार्क इक्विटी सूचकांकों में गिरावट आइल। एह दौरान आईटी सेक्टर के शेयरन में कमजोरी लउकल। सुरुआती कारोबार में तीस शेयरन

Share

अमेरिकी फेड के ब्याज दरन पs बहुप्रतीक्षित फैसला से पहिले बुध के सुरुआती कारोबार में बेंचमार्क इक्विटी सूचकांकों में गिरावट आइल। एह दौरान आईटी सेक्टर के शेयरन में कमजोरी लउकल।

सुरुआती कारोबार में तीस शेयरन वाला बीएसई सेंसेक्स 130.24 अंक गिरके 82,949.42 अंक पs आ गइल। एनएसई निफ्टी 37.75 अंक गिरके 25,380.80 अंक पs आ गइल।

सेंसेक्स के 30 कंपनियन में टेक महिंद्रा, इंफोसिस, टाटा कंसल्टेंसी सर्विसेज, एचसीएल टेक्नोलॉजीज, एशियन पेंट्स आ सन फार्मा सबसे ज्यादा पिछड़ गइल। बजाज फाइनेंस, आईटीसी, बजाज फिनसर्व आ एचडीएफसी बैंक लाभ में रहल।

एशियाई बाजारन में, टोक्यो में तेजी रहल, जबकि शंघाई में गिरावट रहल। मंगर के अमेरिकी बाजार मिलल-जुलल रुख पs बंद भइल।

जियोजित फाइनेंशियल सर्विसेज के मुख्य निवेश रणनीतिकार वीके विजयकुमार कहलें, “आज रात आवे वाला फेड के फैसला पs दुनिया भर के बाजार के नजर टिकल बा। सायद फेड के कार्रवाई से जादे महत्वपूर्ण फेड के टिप्पणी आ सनेस होई।”

एक्सचेंज के आंकड़न के अनुसार, बिदेसी संस्थागत निवेशक (एफआईआई) मंगर के खरीदार बन गइल आ ऊ 482.69 करोड़ रुपिया मूल्य के इक्विटी किनलस। वैश्विक तेल बेंचमार्क ब्रेंट क्रूड 0.46 प्रतिशत घटके 73.36 डॉलर प्रति बैरल पs आ गइल।

मंगर के लगातार दूसरका दिन रिकॉर्ड तेजी जारी रखत बीएसई के सूचकांक 90.88 अंक भा 0.11 प्रतिशत चढ़के 83,079.66 अंक के सर्वकालिक उच्च स्तर पs पहुंच गइल। निफ्टी 34.80 अंक भा 0.14 प्रतिशत चढ़के 25,418.55 अंक के सर्वकालिक उच्च स्तर s पहुंच गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.