Sensex Closing Bell: शेयर बाजार में बड़ गिरावट, सेंसेक्स 650 अंक लुढ़कल, निवेशक लोग के 2.7 लाख करोड़ के झटका

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 4, 2023

दू दिन तक ग्रीन जोन में रहले के बाद आजु रात अमेरिकी फेडरल रिजर्व के मिनट्स जारी होखले के पहिले दलाल स्ट्रीट में दहशत फैल गइल। बीएसई में सूचीबद्ध सब कंपनियन बाजार पूंजीकरण गिर के

Share

दू दिन तक ग्रीन जोन में रहले के बाद आजु रात अमेरिकी फेडरल रिजर्व के मिनट्स जारी होखले के पहिले दलाल स्ट्रीट में दहशत फैल गइल। बीएसई में सूचीबद्ध सब कंपनियन बाजार पूंजीकरण गिर के 281.9 लाख करोड़ रुपय रह गइले से सेंसेक्स 660 अंक से अधिक अंक ले टूट गइल। एहसे निवेशकन के 2.7 लाख करोड़ रुपया से अधिक के नुकसान भइल बा। सेंसेक्स बुध के 636 अंक के गिरावट के संगे 60657 अंक के लेवल पर, निफ्टी 189 अंक के गिरावट के संगे 18042 अउर बैंक निफ्टी 476 अंक के गिरावट के संगे 42948 अंक के लेवल पर बंद भइल।

सेंसेक्स के 30 शेयर में 28 गिरावट लाल निशान पर बंद भइल

सेंसेक्स के टॉप-30 शेयर में खाली दू शेयर- मारुति अउर टीसीएस तेजी के साथ बंद भइल। बाकी सब 28 शेयर लाल निशान पर बंद भइल। टाटा स्टील, टाटा मोटर्स अउर पावरग्रिड जइसन कंपनियन के शेयर सेंसेक्स के टॉप लूजर्स के लिस्ट में शामिल रहल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.