वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक गोरखपुर द्वारा जनपद के उत्तरी क्षेत्र के थाना पिपराईच, गुलरिहा, झंगहा आ चौरीचौरा के औचक निरीक्षण कs के थानन पs जनसुनवाई खातिर नियुक्त पुलिस कर्मियन के दिहल गईल आवश्यक दिशा-निरदेस

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 9, 2022

आज दिनांक 09.07.2022 के वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक गोरखपुर द्वारा जनपद के उत्तरी क्षेत्र के थाना पिपराईच, गुलरिहा, झंगहा आ चौरीचौरा के औचक निरीक्षण कईल गईल। निरीक्षण के दौरान थानन पs बनल जनसुनवाई डेस्क पs नियुक्त

Share

आज दिनांक 09.07.2022 के वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक गोरखपुर द्वारा जनपद के उत्तरी क्षेत्र के थाना पिपराईच, गुलरिहा, झंगहा आ चौरीचौरा के औचक निरीक्षण कईल गईल। निरीक्षण के दौरान थानन पs बनल जनसुनवाई डेस्क पs नियुक्त कर्मियन के महत्वपूर्ण दिशा निरदेस दिहल गईल। महिला हेल्प डेस्क, थाना कार्यालय आ सम्पूर्ण थाना परिसर के भ्रमण कईल गईल आउर सम्पूर्ण परिसर के साफ आ स्वच्छ राखे आ कार्यालय के अभिलेखन के बेहतर आ अद्यावधिक आ व्यवस्थित रख रखाव, अपराध/अपराधियन के विरुद्ध सख्ती से कार्यवाही करे आ थानाक्षेत्र में शांति व्यवस्था बनावल राखे खातिर रोज पैदल गस्त करे खातिर प्रभारी निरीक्षक/थानाध्यक्ष गण के निरदेसित कईल गईल। मवका पs पुलिस अधीक्षक उत्तरी आ आउर संबन्धित थानन के प्रभारी निरीक्षक/थानाध्यक्ष गण मवजूद रहल लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.