[the_ad_group id="30365"]

बंगाल में खेला जारी: विधायक के बाद भारी कैश के संगे झारखंड के नामी अधिवक्ता गिरफ्तार, पुलिस शुरू कइलस जांच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड के कांग्रेस के तीन विधायक के बाद अब झारखंड हाईकोर्ट के सीनियर वकील राजीव कुमार के 50 लाख रुपये कैश के संगे कोलकाता में गिरफ्तार कइल गइल बा। कोलकाता पुलिस के ARS विभाग उनके हैरिसन स्ट्रीट स्थित बिजनेस कॉम्प्लेक्स से गिरफ्तार कइलें बा। बतावल जा रहल बा कि उ कथित तौर पर कोलकाता के एगो व्यवसायी के खिलाफ रांची हाईकोर्ट में एक जनहित याचिका दायर कइलें रहने अउरी पीआईएल के वापस लेवे खातिर 10 करोड़ रुपया मांगत रहलें। बातचीत के बाद, एक करोड़ रुपया पर डील पक्का हो गइल जेकरे खातिर 50 लाख रुपया के पहली किस्त के भुगतान कइल गइल अउरी उहवें कथित तौर पर उनके रंगे हाथ पकड़ल गइल।

कोलकाता पुलिस हमनी के कौनों जानकारी नाइ देहलें बा: रांची पुलिस

रांची पुलिस कहलें कि कुछ मीडिया रिपोर्ट्स में कोलकाता पुलिस द्वारा रांची के रहे वाला वकील राजीव कुमार के गिरफ्तारी के जानकारी मिलल बा। कोलकाता पुलिस हमनीके कौनो जानकारी नाइ देहलें बा। अधिवक्ता के गिरफ्तारी के हमसे कहीं कौनो संबंध नाइ बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]