[the_ad_group id="30365"]

वरिष्ठ भाजपा नेता सुनील ओझा के दिल्ली में निधन, गड़ौली धाम आश्रम के लेके चरचा में रहस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वरिष्ठ भाजपा नेता सुनील ओझा के दिल्ली में निधन हो गइल बा। बता दीं कि कुछ महीना पहिले उनकर उत्तर प्रदेश से बिहार ट्रांसफर हो गइल रहे। बिहार ट्रांसफर से पहिले सुनील ओझा यूपी के सह प्रभारी रहस, फेर उनका के बिहार में पार्टी के सह प्रभारी बनावल गइल। बीजेपी अध्यक्ष जेपी नड्डा ई नियुक्ति कइले रहस।

सुनील ओझा मूल रूप से बिहार के रहे वाला रहस आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के करीबी नेता लोगन में से एगो मानल जात रहस। सुनील ओझा के बिहार के सह प्रभारी बनवला के बाद राजनीतिक गलियारन में हलचल तेज हो गइल रहे।

गड़ौली धाम आश्रम के लेके चरचा में रहस 

बता दीं कि सुनील ओझा पिछला दिनन गड़ौली धाम आश्रम के लेके चरचा में रहस। मिर्जापुर में गंगा नदी के किनारे गड़ौली धाम आश्रम के निर्माण कइल जा रहल बा। जवना के बारे में बतावल जाला कि ई सुनील ओझा के देखरेख में बनत रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]