[the_ad_group id="30365"]

सावित्री बाई फुले जयंती: डीडीयू गोरखपुर के हिन्दी विभाग में संवाद गोष्ठी के भइल आयोजन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: आज भारत के पहिलका महिला शिक्षिका माता सावित्री बाई फुले जी के जयंती के अवसर पs दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय गोरखपुर के हिंदी विभाग में संवाद गोष्ठी के आयोजन कइल गइल।

कार्यक्रम के विशिष्ट अतिथि डॉ० राजेश सिंह (जनसंपर्क अधिकारी काशी हिन्दू विश्वविद्यालय, बनारस) अउरी कार्यक्रम के अध्यक्षता हिंदी विभाग के विभागाध्यक्ष प्रो दीपक प्रकाश त्यागी जी कइनीं।

कार्यक्रम के संबोधित करत विशिष्ट अतिथि डॉ राजेश सिंह कहनीं कि हमनी के सब महान समाज सुधारकन के इयाद कइल जाये के चाहीं आ ओह लोगन के बतावल गइल मार्गन के अनुसरण करे के चाहीं।

आगे हिंदी विभाग के पूर्व अध्यक्ष आ वरिष्ठ आचार्य प्रो० अनिल राय एह अवसर पs सावित्री बाई फुले के स्मरण करत उहां द्वारा कइल गइल साहसिक कामन के उल्लेख करत फुले जी के स्त्री मुक्ति आ नवजागरण के अग्रदूत बतवनी आ आधुनिक युग के प्रतिकात्मक सरस्वती के संज्ञा देनीं।

वक्ता के कड़ी में आगे प्रो० राजेश कुमार मल्ल (आचार्य हिंदी विभाग) फुले जी के व्यक्तित्व पs प्रकाश डालत नवजागरण कालीन चेतना के रूप में फुले जी के रेखांकित कइनीं।

आगे डॉ० रामनरेश राम (सहायक आचार्य हिंदी विभाग) फुले जी के पहिला मराठी भाषा में लिखल हिंदी अनुदित कविता के पाठ कइनीं, ओकरा बाद अपना वक्तव्य द्वारा बतवनी की आधुनिकीकरण, नारिमुक्ति आ ओकरा से जुड़ल विमर्शन के जवन नेव हमनी के पश्चिम के लेखकन से आत्मसात करे के काम करेनी सs उ हमनी के भारत में सावित्री बाई फुले जी के द्वारा पहिलही कइल जा चुकल रहे।

वक्ता लोगन के कड़ी में आगे डॉ० अभिषेक शुक्ल कहनीं कि हमनी के महान विभूतियन के खाली जयंती तक सीमित ना रखे के चाहीं बलुक ओह लोगन द्वारा कइल गइल कामन के चरित्र में समाहित कइलो के जरूरत बा जवन ओह लोगन खातिर सच्चा श्रद्धांजलि होई। कार्यक्रम के संचालन शोधार्थी संध्या पाण्डेय द्वारा कइल गइल।

कार्यक्रम में हिंदी विभाग के शिक्षक प्रो० विमलेश मिश्र, प्रो० प्रत्युष दुबे, डॉ नरेंद्र कुमार, डॉ सुनील कुमार यादव, डॉ अखिल मिश्र, डॉ संदीप यादव आ हिंदी विभाग के शोधार्थी नवीन राय, रणजीत कुमार, राजू मौर्य, उमा महेश्वर पाण्डेय, रिंकी प्रजापति, शियम यादव, प्रियंका, हर्षिता आदि लोग कार्यक्रम में उपस्थित होके कार्यक्रम के सफल बनावल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]