[the_ad_group id="30365"]

मणिपुर में किडनैप भइल ASP के सुरक्षाबल छोड़वलस: मैतेई संगठन के लोग घर से उठा ले गइल रहे; इलाका में सेना तैनात कइल गइल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मणिपुर में मंगर के किडनैप भइल एडिशनल एसपी (ASP) अमित मायेंगबाम के पुलिस आ सुरक्षाबल छुड़ा लेले बा। उनकर अपहरण मैतेई संगठन अरामबाई तेंगगोल के कैडर कइले रहे। इंफाल ईस्ट के ई घटना मंगर के सांझ करीब 6:20 बजे के हs।

अधिकारी लोग बतावल कि ASP अमित के अस्पताल में भर्ती करवावल गइल बा, जहां उनकर हालत इस्थिर बा।

न्यूज एजेंसी के मोताबिक, इंफाल ईस्ट में एक बेर फेर तनाव के मौहाल बा। एह बीच इस्थिति के कंट्रोल करे खातिर सेना बोलावल गइल बिया आ इलाका में असम राइफल्स के 4 टुकड़ियन के तैनात कइल गइल बा।

ASP मैतेई संगठन के 6 सदस्यन के गिरफ्तार कइले रहस 

मंगर के सांझ मैतेई संगठन के कुछ लोग ASP अमित के घर पs हमला कs दिहल। एह दौरान सुरक्षा गार्डन आ हथियारबंद बदमाश के बीच फायरिंगो भाल, जवना से चार वाहन क्षतिग्रस्त हो गइल। एकरा बाद मैतेई लोग अमित के अपहरण कs लिहल।

दरअसल, ASP अमित कुछ दिन पहिले वाहन चोरी के आरोप में मैतेई संगठन अरामबाई तेंगगोल के 6 सदस्यन के गिरफ्तार कइले रहस। एकरा बाद संगठन अपना सदस्यन के रिहाई के लेके विरोध प्रदर्शनो कइले रहे।

CM बोललें- जनता के घबराये के जरूरत नइखे 

मणिपुर के मुख्यमंत्री एन बीरेन सिंह 25 फरवरी के एगो प्रोग्राम में कहले रहस कि राज्य में जातीय तनाव के दूर करे खातिर शांति पहल सुरू हो गइल बा। अब हमनी के घबराए के जरूरत नइखे। कवनो भी स्थिति से निपटे खातिर सब क्षेत्रन में सुरक्षा बल तैनात कइल जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]