[the_ad_group id="30365"]

कोरोना के बढ़त मामिला के देखत नोयडा में धारा 144 लागू, सार्वजनिक जगह पर पूजा, नमाज के मनाही

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आवे वाले त्योहार अउर बढ़त कोविड​​​​-19 संक्रमण के देखत नोएडा में 1 से 31 मई ले धारा 144 लागू कइल गइल बा। एकरे अलावा सार्वजनिक जगह पर मास्क पहिनल जरूरी क दिहल गइल बा। नोएडा में 24 घंटा में कुल 117 लोग के कोरोना रिपोर्ट पॉजिटिव आइल बा।

बीतल 24 घंटा में कोरोना से 113 लोग ठीक भइल बानें। नोएडा में अब ले कोरोना मरीजन के आंकड़ा 100552 तक पहुंच चुकल बा जेमें 99331 मरीज डिस्चार्ज हो चुकल बा। जबकि 731 मरीजन के इलाज जारी बा। 490 मरीज के अब तक मौत हो चुकल बा।

नोएडा के पुलिस के ओर से जारी बयान में कहल गइल कि अधिकारियन के अनुमति के बिना केहू विरोध प्रदर्शन चाहे भूख हड़ताल करे के अनुमति नाइ दीहल जाई। सार्वजनिक स्थान पर पूजा अउर नमाज अदा करे के अनुमति भी नइखे देहल गइल।

परीक्षा के दौरान स्कूल में सोशल डिस्टेंसिंग के ठीक तरह से पालन करे के भी कहल गइल बा। पुलिस कार्यालय के ओर से जारी कइल गइल आदेश में परीक्षा केंद्र के कैंपस अउर आसपास के क्षेत्र में लाउडस्पीकर के उपयोग पs हर तरह से रोक रही। उच्च अधिकारियन के अनुमति के बिना दुकानदार के लाउडस्पीकर चाहे अइसन कौनहूँ उपकरण केहू के बेचे चाहे किराया पर लेहले के अनुमति नाइ होई।

देश में पिछले 24 घंटा में कोरोना के 3,324 नयका मामला दर्ज कइल गइल। पिछले 24 घंटा में 2,876 मरीज ठीक भइल। शुक्रवार के कोरोना संक्रमण के 3377 मरीज मिलल रहनें। देश के राजधानी दिल्ली में भी कोरोना के केस में इजाफा हो रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]