[the_ad_group id="30365"]

UPI पेमेंट के बदल जाई इs बड़ नियम, कवन लोगन के होई फायदा- जानीं पूरा डिटेल्स

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नियामक सेबी बुध के दिने कहलस कि ऊ प्रतिभूति बाजार में वित्तीय लेनदेन के सुरक्षा आ सुलभता में सुधार खातिर निवेशकन से धन वसूली करे वाला सगरी पंजीकृत बिचौलिया खातिर नया यूपीआई भुगतान प्रणाली अनिवार्य कर दिहले बिया. सेबी के एह बड़हन फैसला से शेयर बाजार में निवेश करे वाला लोग के जबरदस्त सुविधा मिली आ धोखाधड़ी के मामिला कम हो जाई. पंजीकृत बिचौलिया में स्टॉक ब्रोकर, मर्चेंट बैंकर, डिपॉजिटरी, इंवेस्टमेंट कंसल्टेंट आ पोर्टफोलियो मैनेजर शामिल बाड़े. ई बिचौलिया वित्तीय बाजारन में निवेशक आ अलग अलग इकाई के बीच एगो कड़ी के काम करेलें।

आम निवेशकन के कइसे फायदा होई

तुहिन कांत पांडे कहले कि, एs नाया सिस्टम से प्रतिभूति बाजार में वित्तीय लेनदेन के सुरक्षा अवुरी सुलभता में बहुत सुधार होई, जवना में सत्यापन अवुरी सुरक्षित भुगतान सुविधा दिहल जाई। निवेशकन के मजबूत करे खातिर बाजार नियामक एगो नया क्षमता विकसित कs रहल बा जवना के नाम बा ‘सेबी चेक’. एह नया टूल से क्यूआर कोड स्कैन कs के भा यूपीआई आईडी डाल के आ पंजीकृत बिचौलिया के खाता नंबर आ आईएफएससी कोड जइसन बैंक विवरण के सत्यापन कs के यूपीआई पहचान के प्रामाणिकता के सत्यापन कइल जा सकेला. सेबी जनवरी में एs संबंध में परामर्श पत्र जारी कईले रहे। एह पs मिलल सुझाव के ध्यान में राखत ई व्यवस्था कइल गइल बा.

इहो पढ़ीं: एs राज्य में जाम छलकावल भइल महंगा, सरकार एक्साइज ड्यूटी बढ़वलस, जानीं पूरा बात

TAGS:,

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]