[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में मजदूर पंचायत अउर एसई के बीच हाथापाई, वीडियो हो रहल बा वायरल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ग्रामीण विधायक विपिन सिंह के शिकायत पर दू महीना पहिले हटावल गइल निविदा कर्मचारी के फिर से तैनाती के ले के मजदूर पंचायत संगठन अउर अधीक्षण अभियंता (एसई) के बीच वार्ता सफल नाइ भइल। तथाकथित कर्मचारी नेता लोग के मांग रहल कि एगो टीजी-टू कर्मचारी के जेएमटी बना दिहल जाव।

मांग पर अधीक्षण अभियंता के असहमति पर कर्मचारी नेता लोग उनके कमरा के बाहर नारेबाजी शुरू कs देहल। आरोप-प्रत्यारोप के बीच बात हाथापाई ले पहुंच गईल। एही बीच में केहु पूरा घटना के वीडियो बना के सोशल मीडिया प वायरल क देहलस।

मजदूर पंचायत संगठन के ओर से सूरजकुंड पावर हाउस में तैनात ठेकेदार पs आरोप लगावत विधायक हटावे के मांग कईले रहले। चिट्ठी के संज्ञान लेत अउरी जांच रिपोर्ट के आधार प अधीक्षक अभियंता एकरा के पावर स्टेशन से हटा देहले। ए सभ मुद्दा प चर्चा करे खातीर अधीक्षक अभियंता गुरुवार के संगठन के चार सदस्य के बातचीत खातीर बोलवले रहले।

संगठन के कथित जोनल सचिव संदीप श्रीवास्तव आ अउरी नेता लोग के कहना बा कि एसई के हठधर्मिता का चलते बातचीत नाकाम रहल. एकरा बाद हमनी के केबिन से बाहर निकल के नाराबाजी करे लगनी जा। एकरा संगे-संगे शहरी एसई के अधिकारी प आरोप लगावत उ गलत शब्द के इस्तेमाल करे लगले अउर खुदही झगड़ा शुरू क देहले। मौका प मौजूद शहरी क्षेत्र के चार ब्लॉक के एग्जीक्यूटिव इंजीनियर हस्तक्षेप क मामला के शांत क देहले लोग।

सेवानिवृत बिजली कर्मचारी अउरी संगठन के संरक्षक इस्माइल खान कहलें कि एसई के तानाशाही बर्दाश्त नाइ कइल जाई। संगठन नोटिस देके उनकरा खिलाफ आंदोलन के रणनीति बनाई। एह दौरान महेंद्र नाथ साहनी, संदीप कुमार श्रीवास्तव, अरुण कुमार गुप्ता, राणा साहनी, दयानंद, शिबू सुभाष विश्वकर्मा, अशोक कुशवाहा, गोविंद, विवेक, राजेश सहित दूसर कई लोग मौजूद रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]