[the_ad_group id="30365"]

एयर इंडिया के विमान में महिला यात्री के बिच्छू कटलस, कंपनी कहलस- अत्यंत दुर्लभ दुर्घटना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

नागपुर से मुंबई जाए वाली एयर इंडिया के फ्लाइट में एगो महिला यात्री के बिच्छू काट लिहलस। पिछला साल दिसंबर में एयर इंडिया एक्सप्रेस के फ्लाइट में दुबई हवाई अड्डा पे उतरला के बाद एगो साँप मिलल रहुवे।

एयर इंडिया के उड़ान में अप्रिय घटना रुके के नाम नईखे लेत। अब खबर बा कि पिछला महीना नागपुर से मुंबई जाए वाली एयर इंडिया के फ्लाइट में एगो महिला यात्री के बिच्छू काट लिहलस। एयरलाइन शनिवार के जारी बयान में कहलस कि, यात्री के एयरपोर्ट पे उतरला के बाद डॉक्टर के ओर से देखल गईल अवुरी बाद में अस्पताल में इलाज के बाद ओकरा के छुट्टी दे दिहल गईल।

एयर इंडिया कहलस कि, 23 अप्रैल 2023 के हमनी के फ्लाइट एआई-630 में एगो यात्री के बिच्छू के कटला के बेहद दुर्लभ अवुरी दुर्भाग्यपूर्ण घटना भईल रहे।एयरलाइन के मुताबिक ए प्रोटोकॉल के पालन कईला के बाद अवुरी विमान के पूरा तरीका से ग्राउंड कईला के बाद निरीक्षण में बिच्छू मिलल। कीट नियंत्रण के एह उचित प्रक्रिया के बाद।

एयर इंडिया के एगो अधिकारी बतवले कि ए घटना के बाद एयर इंडिया खानपान विभाग से कहले बा कि कपड़ा धोवे के सेवा देवे वाला लोग के सलाह दिहल जाए कि कवनो कीट के आतंक बा कि ना अवुरी जरूरत पड़ला पे ओकरा के साफ कईल जाए।कीट के नियंत्रित कईल जाए।

एकरा से पहिले भी विमान में सरीसृप मिले के मामला सामने आईल बा। पिछला साल दिसंबर में एयर इंडिया एक्सप्रेस के फ्लाइट में दुबई हवाई अड्डा पे उतरला के बाद एगो साँप मिलल रहुवे।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]