[the_ad_group id="30365"]

वैज्ञानिक लोग खोजलें नया रंग, नाम हs ओलो, कइसन दिखेला जान  लीं…

वैज्ञानिक लोग खोजलें नया रंग
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हाल ही में वैज्ञानिक लोग एगो नया रंग के खोज करे के दावा कईले बाड़े। एह रंग के नाम ओलो हs। मजेदार बात ई बा कि अबहीं ले महज पाँच लोग एह रंग के देख पवले बा. ई देखाई देवे में कुछ नीला- हरा रंग के होला। बाकिर एकर चमक आ चेज़ एतना बा कि एकरा के नंगा आँख से ना देखल जा सकेला.

इंडिपेंडेंट में प्रकाशित एगो रिपोर्ट के मुताबिक, वैज्ञानिक एकरा के देखे खातीर एगो खास तकनीक बनवले। एकरा के “ओज विजन सिस्टम” कहल जाला। एह प्रयोग में अमेरिका के शोधकर्ता के आंख पs लेजर पल्स लगावल गईल। 

ई लेजर आँख के रेटिना में अलग-अलग कोशिका के उत्तेजित करत रहे, जवन कि ओकरा के देखे के क्षमता के प्राकृतिक सीमा से बाहर धकेल देत रहे। ओकरा एगो नया रंग लउकल।

जब लेजर के बहुत हल्का झटका दिहल गईल तs लोग केतss नाया रंग के झलक मिल गईल। उs एकरा के इंद्रधनुष से परे बतवले, मने कि एगो अयीसन रंग जवन कि हमनी के सामान्य रंग पहचान से बहुत अलग बा।

ई रंग कइसन लउकेला?

बर्कले की कैलिफोर्निया यूनिवर्सिटी के एक इलेक्ट्रिकल इंजीनियर रेन एनजी ने एक्सपेरिमेंट ओ पांच लोग में से एक रहले, जवन कि एs प्रयोग में भाग लेले रहले। उs बीबीसी रेडियो से बतवले कि इs नीला अवुरी हरा रंग निहन रहे। बाकिर एकरा से बहुते चमकीला आ गहिराह बा.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]