[the_ad_group id="30365"]

ऑक्टोपस के डीएनए में मिलल जलस्तर बढ़ावे के राज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वैज्ञानिक लोगन के एगो खास शोध से ई पाता चलल बा कि ऑक्टोपस के डीएनए से अंटारकटिक महाद्वीप के समुद्री जलस्तर के बढ़ावल जा सकेला। एह शोध में बर्फ के चादर के भविस के लेके एगो महत्वपूर्ण खुलासा भईल बा कि वैश्विक तापमान के कारण एहके जल्दिये गले के संभावना बा। ई बहुत बड़ खतरा बा मानव समाज खातिर ।वैज्ञानिक लोग एह बात पs शोध कर रहल बा कि एक लाख 25 हजार साल पहिले जब उतरी गोलार्ध बर्फ से तोपाइल रहत रहे, तब वैश्विक तापमान आज के तापमान के समान रहे,तब का बर्फ के चादर एकदम पूरा तरीका से गल गइल रहे?

11 वैज्ञानिक लोगन के टीम कईलस शोध

एह शोध में 11 वैज्ञानिक लोगन के टीम ऑक्टोपस के एगो विषेस किसिम के प्रजाति ट्रक्वेट ऑक्टोपस के डीएनए गुणन के अध्ययन कइलस। ट्रक्वेट ऑक्टोपस ,ऑक्टोपस के एगो अइसन प्रजाति हs जवन अंटारकटिक महाद्वीप में करीब चालीस लाख बरिसन से निवास कर रहल बा। एह शोध पs वैज्ञानिकन के टीम तीन दसकन से काम कर रहल बीया आ एह दौरान 96 गो ऑक्टोपस के नमूना लिहल गइल । वैज्ञानिक लोग बतवले कि करीब एक लाख चालीस हजार  साल पहिले  ऑक्टोपस के कुछ प्रजाति के आबादी पश्चिमी अंटारकटिक के बर्फ के चादर के लगे एक -दोसरा से घुलमिल गइल रहे, जवन दक्षिणी वेडल सागर आ रास सागर के बीच में बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]