Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ऑक्टोपस के डीएनए में मिलल जलस्तर बढ़ावे के राज

वैज्ञानिकन के मिलल ऑक्टोपस के विशेष प्रजाति टरक्वेट प्रजाति 96 ऑक्टोपस के नमूना से मिलल राज

702

वैज्ञानिक लोगन के एगो खास शोध से ई पाता चलल बा कि ऑक्टोपस के डीएनए से अंटारकटिक महाद्वीप के समुद्री जलस्तर के बढ़ावल जा सकेला। एह शोध में बर्फ के चादर के भविस के लेके एगो महत्वपूर्ण खुलासा भईल बा कि वैश्विक तापमान के कारण एहके जल्दिये गले के संभावना बा। ई बहुत बड़ खतरा बा मानव समाज खातिर ।वैज्ञानिक लोग एह बात पs शोध कर रहल बा कि एक लाख 25 हजार साल पहिले जब उतरी गोलार्ध बर्फ से तोपाइल रहत रहे, तब वैश्विक तापमान आज के तापमान के समान रहे,तब का बर्फ के चादर एकदम पूरा तरीका से गल गइल रहे?

11 वैज्ञानिक लोगन के टीम कईलस शोध

एह शोध में 11 वैज्ञानिक लोगन के टीम ऑक्टोपस के एगो विषेस किसिम के प्रजाति ट्रक्वेट ऑक्टोपस के डीएनए गुणन के अध्ययन कइलस। ट्रक्वेट ऑक्टोपस ,ऑक्टोपस के एगो अइसन प्रजाति हs जवन अंटारकटिक महाद्वीप में करीब चालीस लाख बरिसन से निवास कर रहल बा। एह शोध पs वैज्ञानिकन के टीम तीन दसकन से काम कर रहल बीया आ एह दौरान 96 गो ऑक्टोपस के नमूना लिहल गइल । वैज्ञानिक लोग बतवले कि करीब एक लाख चालीस हजार  साल पहिले  ऑक्टोपस के कुछ प्रजाति के आबादी पश्चिमी अंटारकटिक के बर्फ के चादर के लगे एक -दोसरा से घुलमिल गइल रहे, जवन दक्षिणी वेडल सागर आ रास सागर के बीच में बा।

 

452230cookie-checkऑक्टोपस के डीएनए में मिलल जलस्तर बढ़ावे के राज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.