[the_ad_group id="30365"]

एह राज्यन में दु दिन खातिर बंद कइल गइल स्कूल, सरकार लिहलस फैसला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मणिपुर के हालात फेर से बिगड़त लउकत बा। महज 5 दिन के राहत के बाद सरकार फेर से इंटरनेट पs रोक लगा देले बिया। संगही हजारों छात्र सड़क पs उतरला के बाद मणिपुर सरकार फेर से स्कूल-कॉलेज बंद कs देले बिया। शिक्षा स्कूल निदेशालय राज्य के सगरी सरकारी आ गैर सरकारी स्कूल 27 सितंबर आ 29 सितंबर ले बंद होखे के एलान कइले बा। एकरा बारे में अधिक जानकारी खातिर अभिभावक स्कूल प्रशासन से जानकारी ले सकतारे। हालांकि आधिकारिक नोटिस में बंद के कारण के जिक्र ना भईल बा, लेकिन खबर बतावता कि मणिपुर में चलत हिंसा के चलते इ फैसला लिहल गईल बा।

ट्वीट कs के जानकारी दिहल गइल बा

समाचार एजेंसी पीटीआई एह बारे में एगो ट्वीट शेयर कइले बिया। ए ट्वीट में एजेंसी लिखले बिया कि, “राज्य सरकार/राज्य सरकार के सभ सहायता प्राप्त/निजी गैर सहायता प्राप्त स्कूल 27.09.2023 (बुधवार) अवुरी 29.09.2023 (शुक्रवार) के बंद रही।”

ए कार्रवाई में 45 छात्र घायल

अगर मीडिया पs विश्वास कईल जाए त मणिपुर के इंफाल घाटी में जुलाई में कथित तौर पs अपहरण भईल दु युवक के हत्या के विरोध करत भीड़ पs पुलिस आंसू गैस के गोला अवुरी लाठीचार्ज कईलस, जवना में करीब 45 छात्र घाही हो गईले। एहसे बुध आ शुक के सगरी राज्य सरकार, राज्य सरकार के सहायता आ निजी असहाय स्कूल बंद रही।

फेर से इंटरनेट पs रोक लगा दिहल गइल

बता दीं कि राज्य के प्रतिकूल स्थिति के देखत मणिपुर सरकार अगिला 5 दिन के बाद फेर से इंटरनेट बंद क देले बिया। एकरा से पहिले सीएम एन.बीरेन सिंह 23 सितंबर 2023 के चलत इंटरनेट पs रोक हटा देले रहले। मणिपुर में 3 मई 2023 से इंटरनेट सेवा पs रोक लगा दिहल गइल।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]