[the_ad_group id="30365"]

कैंसर मरीजन के कीमोथेरेपी के नाम पs करोड़न  गोरखधंधा, नकली दवा बनावे आ बेचे वाला सिंडिकेट के भंडाफोड़, 7 गो गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दिल्ली पुलिस के बहुत सफलता मिलल बा। दिल्ली पुलिस के क्राइम ब्रांच कैंसर के मरीजन के कीमोथेरेपी खातिर नकली दवाई बनावे आ बेचे वाला एगो सिंडिकेशन के भंडाफोड़ कs लिहलस। दिल्ली पुलिस के क्राइम ब्रांच एह फर्जी ड्रग सिंडिकेशन में 7 गो आरोपियन के गिरफ्तार कs लिहले बिया।

करोड़न दवाई बरामद भइल

पुलिस आरोपी के लगे से करीब चार करोड़ रुपिया के 7 अंतरराष्ट्रीय अवुरी 2 भारतीय ब्रांड के दवाई बरामद कईले बिया। सोमार के अपराध शाखा के टीम मोती नगर, गुरुग्राम अवुरी यमुना विहार के 4 जगह छापामारी कs आरोपी के गिरफ्तार कs लेलस।

विदेशी मुद्रा भइल बरामद

छापामारी के दौरान क्राइम ब्रांच 89.5 लाख रुपिया अवुरी 19000 अमेरिकी डॉलर भी जब्त कईले बिया। पुलिस एह सिन्डिकेट में अउरी केतना लोग काम करत बा आ अबले केतना लोग के ई दवाई दिहल गइल बा एकर जांच करत बिया।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]