Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कैंसर मरीजन के कीमोथेरेपी के नाम पs करोड़न  गोरखधंधा, नकली दवा बनावे आ बेचे वाला सिंडिकेट के भंडाफोड़, 7 गो गिरफ्तार

358

 

दिल्ली पुलिस के बहुत सफलता मिलल बा। दिल्ली पुलिस के क्राइम ब्रांच कैंसर के मरीजन के कीमोथेरेपी खातिर नकली दवाई बनावे आ बेचे वाला एगो सिंडिकेशन के भंडाफोड़ कs लिहलस। दिल्ली पुलिस के क्राइम ब्रांच एह फर्जी ड्रग सिंडिकेशन में 7 गो आरोपियन के गिरफ्तार कs लिहले बिया।

करोड़न दवाई बरामद भइल

पुलिस आरोपी के लगे से करीब चार करोड़ रुपिया के 7 अंतरराष्ट्रीय अवुरी 2 भारतीय ब्रांड के दवाई बरामद कईले बिया। सोमार के अपराध शाखा के टीम मोती नगर, गुरुग्राम अवुरी यमुना विहार के 4 जगह छापामारी कs आरोपी के गिरफ्तार कs लेलस।

विदेशी मुद्रा भइल बरामद

छापामारी के दौरान क्राइम ब्रांच 89.5 लाख रुपिया अवुरी 19000 अमेरिकी डॉलर भी जब्त कईले बिया। पुलिस एह सिन्डिकेट में अउरी केतना लोग काम करत बा आ अबले केतना लोग के ई दवाई दिहल गइल बा एकर जांच करत बिया।

 

763310cookie-checkकैंसर मरीजन के कीमोथेरेपी के नाम पs करोड़न  गोरखधंधा, नकली दवा बनावे आ बेचे वाला सिंडिकेट के भंडाफोड़, 7 गो गिरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.