[the_ad_group id="30365"]

Sawan 2024: ई रहल उत्तराखंड के प्राचीन शिव मंदिर, एह सावन महीना में करी दर्शन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Sawan 2024: सावन महीना के सुरुआत 22 जुलाई 2024 के हो रहल बा। धार्मिक मान्यता के मोताबिक, सावन के महीना में भगवान शिव के विवाह माता पार्वती से भइल रहे, एह कारण ई माह भोलेनाथ के अति प्रिय बा। श्रावण महीना में शिव के पूजा करे से भक्तन के मनोकामनाएं जल्दिये पूरा हो सकत बा। अइसन में सावन में लोग प्राचीन शिव मंदिरन, शिवालयन, ज्योतिर्लिंगन के दर्शन खातिर जाला लो आ मंदिरन में रुद्राभिषेक करावे ला लो।

उत्तराखंड के देवभूमि के नाम से जानल जाला। ई प्रदेश प्राचीन आ प्रसिद्ध शिव मंदिरन के घर हs। इहां 12 ज्योतिर्लिंगन में से एगो केदारनाथ धाम इस्थित बा, जवन कि विश्व प्रसिद्ध बा आ उत्तराखंड के चार धामन में सामिल बा। एकरा अलावहूं एह राज्य में कइयन गो प्राचीन शिव मंदिर बा। सावन के महीना में उत्तराखंड के एह शिव मंदिरन में पूजा अर्चना खातिर कइल जा सकत बा।

केदारनाथ मंदिर

12 ज्योतिर्लिंगन में से एगो केदारनाथ मंदिर हs। केदारनाथ मंदिर रुद्रप्रयाग में बा। ई हिमालय के गोद में इस्थित बा। मान्यता बा कि एकरा के पांडव लोग बनववले रहे लो आ आदि शंकराचार्य के ओर से पुनर्निर्माण करावल गइल।

तुंगनाथ मंदिर

उत्तराखंड के रुद्रप्रयाग में तुंगनाथ मंदिर बा, जवना के पंच केदार में से एगो मानल जाला। ई दुनिया के सबसे ऊंचाई पs इस्थित शिव मंदिर बा। मंदिर 3680 मीटर के ऊंचाई पs इस्थित बा। ई मंदिर त्रिशूल, नंदा देवी आ चौखंभा के पहाड़ियन के लगे इस्थित बा।

नीलकंठ महादेव मंदिर

उत्तराखंड के पौड़ी गढ़वाल जिला में नीलकंठ महादेव के मंदिर बा। ऋषिकेश से नीलकंठ महादेव मंदिर के दूरी लगभग 32 किमी बा। एह स्थान पs शिवजी समुद्र मंथन के दौरान विषपान कइले रहस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]