[the_ad_group id="30365"]

Sawan 2023: सावन में रक्षाबंधन, नाग पंचमी, हरियाली तीज समेत पड़ी इ व्रत आ परब-त्योहार, देखी पूरा लिस्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सावन 2023 महीना के व्रत आ त्योहार के सूची : एह साल भगवान शिव के पसंदीदा महीना सावन 4 जुलाई 2023 से शुरू हो रहल बा। 4 जुलाई से शुरू होखे वाला ई महीना 31 अगस्त मे खतम हो जाई। हिन्दू धर्म में सावन के महीना के बहुत खास मानल जाला। जइसहीं ई महीना शुरू होला, कई गो व्रत आ परब भी शुरू हो जाला। सावन के महीना खाली भगवान शिव के समर्पित ना होला बलुक भाई-बहिन के अटूट प्रेम के प्रतीक रक्षाबंधन आ शादीशुदा महिला के मुख्य परब हरियाली तीज भी एही महीना में होला। एकरा अलावे सावन महीना के सोमवार के अविवाहित लईकिन खातीर बहुत खास मानल जाला। अतिरिक्त महीना के चलते अबकी बेर सावन में कुल 8 सोमवार बा। कहल जाला कि सावन में भगवान शिव के पूजा कइला से लड़िकियन के मनचाहा दूल्हा मिल जाला। साथ ही सावन के महीना में काँवर यात्रा के शिव के भक्त लोग निकालेला। अइसना में सावन में बहुत धार्मिक परब मनावल जाला। त आईं देखल जाव सावन महीना के तमाम व्रत आ परब के लिस्ट…

 

सावन 2023 के व्रत आ त्योहार

4 जुलाई, मंगलवार -सावन शुरू

6 जुलाई, गुरुवार- संकट चतुर्थी

13 जुलाई, गुरुवार – कामिका एकादशी

14 जुलाई, शुक्रवार- प्रदोष व्रत

15 जुलाई, शनिवार- मासिक शिवरात्रि

16 जुलाई, रविवार, -कर्क संक्रांति

17 जुलाई , सोमवार – श्रावण अमावस्या

29 जुलाई, शनिवार- पद्मिनी एकादशी

30 जुलाई, रविवार -प्रदोष व्रत

1 अगस्त, मंगलवार- पूर्णिमा व्रत,

4 अगस्त, शुक्रवार- संकट चतुर्थी,

12 अगस्त, शनिवार- परम एकादशी,

13 अगस्त, रविवार- प्रदोष व्रत,

14 अगस्त, सोमवार- मासिक शिवरात्रि,

16 अगस्त, बुधवार – अमावस्य,

17 अगस्त, गुरुवार, -सिंह संक्रांति,

19 अगस्त, शनिवार- हरियाली तीज

21 अगस्त, सोमवार- नाग पंचमी,

27 अगस्त, रविवार -श्रावण पुत्रदा एकादशी,

28 अगस्त, सोमवार- प्रदोष व्रत,

29 अगस्त, मंगलवार- ओनम/ तिरुवोनम्

30 अगस्त, बुधवार- रक्षाबंधन

31 अगस्त, गुरुवार -श्रावण पूर्णिमा व्रत

सावन सोमार 2023

सावन के पहिला सोमवार- 10 जुलाई

सावन के दूसरा सोमवार- 17 जुलाई

सावन के तीसरा सोमवार- 24 जुलाई

सावन के चौथा सोमवार- 31 जुलाई

सावन के पांचवा सोमवार- 07 अगस्त

सावन के 6वां सोमवार-14 अगस्त

सावन के सातवां सोमवार -21 अगस्त

8वां सावन के सोमवार- 28 अगस्त

सावन मंगला गौरी व्रत 2023

पहला मंगला गौरी व्रत – 4 जुलाई 2023

दूसरा मंगला गौरी व्रत – 11 जुलाई 2023

तीसरा मंगला गौरी व्रत – 18 जुलाई 2023

चौथा मंगला गौरी व्रत -25 जुलाई 2023

पांचवा मंगला गौरी व्रत -1 अगस्त 2023

छठा मंगला गौरी व्रत – 8 अगस्त 2023

सातवा मंगला गौरी व्रत -15 अगस्त 2023

आठवां मंगला गौरी व्रत -22 अगस्त 2023

नौवां मंगला गौरी व्रत -29 अगस्त 2023

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]