[the_ad_group id="30365"]

Sawan 2023: सीएम योगी कइलें रुद्राभिषेक, सब नागरिकन खातिर सुख आ समृद्धि के प्रार्थना कइलें 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सावन महीना के छठवां सोमार के गोरक्षपीठाधीश्वर आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गोरखनाथ मंदिर के शक्तिपीठ में रुद्राभिषेक कइलें। ऊ भगवान भोलेशंकर से सब नागरिकन के जिनगी में सुख, समृद्धि, शांति के प्रार्थना कइलें।

सोमार के सबेरे गोरखनाथ मंदिर के अपना आवास के पहिला तल्ला इस्थित शक्तिपीठ में सीएम योगी भोलेनाथ के विल्व पत्र, कमल पुष्प आदि अर्पित कइला के बाद दूध, फल के रस आ जल से अभिषेक कइलें।

मठ के मुख्य पुरोहित आचार्य रामानुज त्रिपाठी आ आउर आचार्य आ पुरोहितगण शुक्ल यजुर्वेद संहिता के रुद्राष्टाध्यायी के महामंत्रन द्वारा रुद्राभिषेक के अनुष्ठान पूर्ण करावल लो।

रुद्राभिषेक के बाद ऊ वैदिक मंत्रोच्चार के बीच हवन आ आरती कइलें। विधि विधान से पूर्ण भइल अनुष्ठान केबाद मुख्यमंत्री चराचर जगत के कल्याण आ प्रदेशवासियन के आरोग्यमय, सुखमय, समृद्धमय आ शांतिमय जिनगी के मंगलकामना कइलें। रुद्राभिषेक अनुष्ठान के अवसर पs गोरखनाथ मंदिर के प्रधान पुजारी योगी कमलनाथ, काशी से आइल महामंडलेश्वर संतोष दास उर्फ सतुआ बाबा आदि उपस्थित रहल लो।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]