[the_ad_group id="30365"]

सावित्री जिंदल कईली बड़ ऐलान, अब निर्दलीय लड़िहें हरियाणा विधानसभा के चुनाव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

भाजपा हरियाणा विधानसभा चुनाव खातिर आपन पहिला सूची जारी कइलस जवना में सावित्री जिंदल के नाम ना रहे. एकरा बाद सावित्री जिंदल एगो बड़ फैसला लेले बाड़ी। सावित्री जिंदल तय कइले बाड़ी कि अब ऊ हरियाणा विधानसभा चुनाव निर्दलीय के रूप में लड़िहें. असल में सावित्री जिंदल भाजपा के टिकट पs हिसार विधानसभा चुनाव लड़ल चाहत रहली बाकिर भाजपा उनुका के टिकट ना दिहलस. एकरा बाद उs निर्दलीय के रूप में चुनाव लड़े के फैसला कईले बाड़ी।

सावित्री इs कहली

भाजपा से विधानसभा चुनाव के टिकट ना मिलला पs सावित्री जिंदल कहली कि, ‘हम भाजपा के सदस्य ना हई।’ हिसार के लोग जवन कही उहे करब। हिसार के सेवा खातिर चुनाव जरूर लड़ब। उs आगे कहली कि हम लोकसभा चुनाव में खाली अपना बेटा के प्रचार खातीर गईल रहनी। हम कबो भाजपा पार्टी में ना शामिल भइनी।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]