रोनाल्डो के पेशकश कईल गईल 2400 करोड़ रुपया के सौदा : साइन करते ऊ बन जईहे फुटबॉल के इतिहास में सबसे जादा वेतन पावे वाला फुटबाल खिलाड़ी

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 15, 2022

पुर्तगाल के कप्तान क्रिस्टियानो रोनाल्डो के सऊदी अरब के एगो क्लब के ओर से 30 करोड़ यूरो (करीब 2400 करोड़ रुपया) के सौदा के पेशकश कईल गईल बा। खबर के मुताबिक, रोनाल्डो के सौदा होखते

Share

पुर्तगाल के कप्तान क्रिस्टियानो रोनाल्डो के सऊदी अरब के एगो क्लब के ओर से 30 करोड़ यूरो (करीब 2400 करोड़ रुपया) के सौदा के पेशकश कईल गईल बा।

खबर के मुताबिक, रोनाल्डो के सौदा होखते फुटबॉल के इतिहास में सबसे जादे वेतन पावे वाला खिलाड़ी बन जईहे। हालांकि, कवन क्लब उनुका के एतना बड़ सौदा के पेशकश कईले बा, एकर खुलासा नईखे भईल। उ कुछ दिन पहिले अंग्रेजी क्लब मैनचेस्टर यूनाइटेड छोड़े के इच्छा जतवले रहले।

अपना करियर के अंतिम दौर में रहल रोनाल्डो चैंपियंस लीग में खेले के इच्छा जतवले बाड़न जवना के ऊ मैनचेस्टर यूनाइटेड में सफल नइखे देखत. उ पारिवारिक कारण से थाईलैंड में टीम के संगे प्री-सीजन ट्रेनिंग के भी हिस्सा नईखन।

हालांकि क्लब के कोच एरिक टेन हाग साफ क देले बाड़े कि उ रोनाल्डो से बात करीहे। क्लब अभी रोनाल्डो के रिहा ना करी। ऊ एह सीजन में टीम के रणनीति के हिस्सा बाड़न.

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.