[the_ad_group id="30365"]

MP: मैहर में मां शारदा के दरबार में युवक काट लिहलस आपन गटई, हवनकुंड के पास मिलल शरीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मध्य प्रदेश के सतना जिला में माई शारदा के प्रति भक्ति के अइसन रूप देखल गइल जवना से लोग के आत्मा काँपत रहे। मैहर के शारदा माता मंदिर में सोमवार के रात एगो भक्त आपन गटई काट दिहलस। हालांकि पुलिस अबे एs मामिला के छानबीन में जुटल बिया। गटई कटला के बाद आदमी के अस्पताल पहुंचावल गईल, लेकिन बाद में ओकरा के मृत घोषित कs दिहल गईल।

अकेले मंदिर में आके ओकर गटई काट लिहलस

पुलिस अधिकारी बतवले कि मरेवाला के पहचान उत्तर प्रदेश के प्रयागराज जिला के निवासी 37 साल के ललाराम के रूप में भईल बा। मैहर थाना प्रभारी अनीमेश द्विवेदी बतवले कि, शारदा माता मंदिर के हवनकुंड के नजदीक ललाराम मृत मिलल। अकेले आके गला काट दिहलस। उs अयीसन काहें कईले, एकर जांच होखता।” द्विवेदी कहले, “केहु उनुका के अयीसन करत ना देखले। एगो अधिकारी ओकरा के खून से लथपथ देखलस अवुरी ओकरा लगे चाकू पड़ल देखाई दिहल।

माई के खुश करे खातिर एगो आदमी पहिलो से गटई काट लेले रहें

बता दीं कि एहसे पहिले भी अइसने एगो मामिला सामने आइल बा। साल 2020 में नवरात्रि से पहिले माई शारदा के दरबार में एगो 50 साल के आदमी गटई काट लिहलस। बतावल जात रहे कि ऊ ईs सब अपना माई के खुश करे खातिर कइले बा। खून से भींजल आदमी के देख के मंदिर में हंगामा मच गईल। एह दौरान उs व्यक्ति बार-बार कहत रहे कि माई के धरती पs आवे के होई अवुरी हमरा संगे न्याय करे के होई।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]