[the_ad_group id="30365"]

Sasaram News: भूला जाई  पुरानका सासाराम जंक्शन के, होखे जा रहल बा बड़ बदलाव; लउकी अलग तरे के नजारा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Sasaram News डीडीयू रेल डिवीजन के सीनियर डीसीएम सुधांशु रंजन शुक के सासाराम जंक्शन पहुंच के यात्री सुविधा के आउर बेहतर बनावे पs रेलवे के अधिकारियन के साथे विचार-विमर्श कइले। एह दौरान अमृत भारत दूसरका चरण के तहत होखे वाला कार्यन खातिर योजना बनावे के निर्देश अधिकारियन के देले ताकि ओकरा खातिर जायेज राशि आवंटन के दिशा में प्रक्रिया के शुरू कइल जा सके।

डीडीयू रेल डिवीजन के सीनियर डीसीएम सुधांशु रंजन शुक के सासाराम जंक्शन पहुंच के यात्री सुविधा के आउर बेहतर बनावे पs रेलवे के अधिकारियन के साथे विचार-विमर्श कइले। एह दौरान अमृत भारत दूसरका चरण के तहत होखे वाला कार्यन खातिर योजना बनावे के निर्देश अधिकारियन के देले ताकि ओकरा खातिर जायेज राशि आवंटन के दिशा में प्रक्रिया के शुरू कइल जा सके।

सासाराम स्टेशन के चमकावल जाव

जानकारी के मोताबिक दूसरका चरण में निर्माणाधीन फुट ब्रिज चौड़ीकरण के विस्तार, रैंप निर्माण समेत आउर काम कइल जाई। जवना के लेके वरीय वाणिज्यिक प्रबंधक स्टेेशन के निरीक्षण कऽ के कार्य योजना तैयार करे के निर्देश देले।

बतावत चली कि अमृत भारत स्टेशन योजना के तहत सासाराम जंक्शन पs यात्रियन के उच्च स्तरीय सुविधा मुहैया करावे के उद्देश्य से 21.32 करोड़ रूपिया के अलग – अलग योजना स्वीकृत कइल गइल बा। जवना में से कई गो योजना पs कार्य प्रारंभ बा। एह अवसर डेहरी अनुभाग के कनीय अभियंता रविकांत सिंह समेत विभाग के आउर अधिकारी मौजूद रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]