[the_ad_group id="30365"]

Sasaram News: सासाराम में नाहर में डूबली 4 गो छात्रा, 16 घंटा बाद बरामद भइल 3 गो शव; एगो के तलाश अबहियों जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Sasaram News: बिहार के अधिकास हिस्सन में भारी बरखा हो रहल बा। एही चलते नदी से लेके नाहर तक सब के जलस्तर खतरनाक स्तर तक बढ़ल बा। अइसे में एगो छोट असावधानी जानलेवा साबित हो सकऽता। सासाराम में गोर धोवे नहर में उतरली चार गो छात्रा पानी के बहाव में बह गइली। लापता होखला के 24 घंटा के बाद तीन के शव बरामद हो चकल बा चौथा लइकी के तलाश जारी बा।

सासाराम के मुफस्सिल थानाक्षेत्र में धुंआ पुल के पास नाहर में शनिचर के चार हो छात्रा डूब गइली। डूबे वाली चार में तीन गो छात्रा के शव 16 घंटा के बाद एतवार के बरामद कऽ लिहल गइल।

बरामद शव के नाम

बरामद कइल गइल तीन शव में से धुंआ गांव निवासी मुन्ना यादव के दु गो बेटी बिपाशा कुमारी, बिट्टू कुमारी आ धनजी यादव के बेटी रिमझिम कुमारी के शव बरामद भइल बा। उहे, धुंआ गांव निवासी पूर्णवासी यादव के बेटी पूजा कुमारी के तलाश जारी बा।

स्कूल प्रिंसिपल का बतवलें ? 

मोहद्दीगंज मध्य विद्यालय के प्रधानाध्यापक दीप नारायण सिंह बतवलें कि शनिचर के सवा तीन बजे स्कूल के छुट्टी होखला के बाद चारों छात्रा अपना गांव लौटला के क्रम में रास्ता में नहर के भीतर जाके पैर धोवे के क्रम में डूब गइली। डूबने वाली चार छात्रा में दु छठीं आ दु  गो आठवीं कक्षा के विद्यार्थी बाड़ी।

थानाध्यक्ष का कहले ?

मुफस्सिल थानाध्यक्ष रौशन कुमार तीन शव बरामद होने के पुष्टि कइले बाड़े। थानाध्यक्ष के अनुसार, बरामद भइल तीन शव के पोस्टमार्टम खातिर सदर अस्पताल सासाराम भेज दिहल गइल बा। पोस्टमार्टम के बाद शव के मृतकन के परिजन के सौंप दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]