पेट्रोल सस्ता भईला के बाद एगो अवरू खुशखबरी आईल, अब सरसों के तेल में बहुत गिरावट आईल बा

By Anurag Ranjan

Published on: May 24, 2022

महंगाई के मोर्चा पर आम आदमी के कुछ राहत मिलत लउकत बा. दू दिन पहिले सरकार के ओर से पेट्रोल-डीजल प उत्पाद शुल्क में कमी के बाद अब एगो अवुरी राहत के खबर आवे वाला

Share

महंगाई के मोर्चा पर आम आदमी के कुछ राहत मिलत लउकत बा. दू दिन पहिले सरकार के ओर से पेट्रोल-डीजल प उत्पाद शुल्क में कमी के बाद अब एगो अवुरी राहत के खबर आवे वाला बा। उत्पाद शुल्क में कमी के संगे पेट्रोल के दर में 9.5 रुपया प्रति लीटर के कमी आईल।

अब कच्ची घनी तेल में बड़ गिरावट आईल बा। इंडोनेशिया के निर्यात खुलला का बाद से दाम में कमी आइल बा.

पिछला हफ्ता तेल बीज के अधिकतर दाम में गिरावट के रुझान देखल गइल रहे. एकर असर ई भइल कि कच्ची घनी सरसों के तेल 40 रुपिया सस्ता हो गइल बा. एकरा के खाए लायक तेल के दर में बड़ गिरावट मानल जाता।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.