[the_ad_group id="30365"]

सारण: 3 कुख्यात अपराधी गिरफ्तार: देसी कट्टा आ कारतूस बरामद, भेजल गइल जेल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण पुलिस कइयन ममिलन के वांछित तीन कुख्यात अपराधियन के गिरफ्तार कइले बिया। गिरफ्तार अपराधियन के पहचान सुबोध कुमार सिंह, पिता-नागेन्द्र सिंह, पवन कुमार सिंह उर्फ चुनमुन सिंह, पिता-शिव दयाल सिंह दुनो साकिन जीएस बंगरा थाना जलालपुर जिला सारण के रहे वाला हवे सs। तीनो अपराधियन के लगे से देसी तमंचा आ जिंदा कारतूस बरामद कइल गइल बा।

बरामद कारतूस आ एकनी के गिरोह के लेके पूछताछ कइल गइल तs बतावल गइल कि ई लोग रंजीत राय के संगे मिलके एटीएम हेराफेरी कs के पइसा के ठगी करेला लो। अभियुक्तन के निशानदेही पs दुगो देसी कट्टा बरामद कइल गइल। एकरा संगही एगो आउर अभियुक्त रंजीत राय, पिता-प्रवीण राय के गिरफ्तार कइल गइल। गिरफ्तार अभियुक्त हत्या आ आउर अपराध में आपन भूमिका स्वीकार कइले बाड़ें सs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]