[the_ad_group id="30365"]

सारण: कुख्यात आरोपी लालबाबू गिरफ्तार:अलग-अलग थानन में दर्ज बा कइयन गो आपराधिक ममिला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा। सारण पुलिस के सुक के कुख्यात अपराधी के गिरफ्तार करे में सफलता मिलल। अपराधी के पहचान परसा थाना क्षेत्र के हरपुर गांव निवासी अब्बास मियां के बेटा लाल बाबू मियां के रूप में भइल बा।

दरअसल, आरोपी के ऊपर हत्या अपहरण रंगदारी सहित कइयन गो संगीन ममिला अलग-अलग थानन में दर्ज बा। लमहर समय के तलाश के बाद सारण पुलिस एसटीएफ आ रजौली थाना पुलिस के संयुक्त कार्रवाई में कुख्यात अपराधी लालबाबू मियां के गिरफ्तार कइल गइल। एकर जानकारी प्रेस रिलीज जारी करते एसपी कुमार आशीष देलें।

लालबाबू के भेजल गइल जेल

एसपी कुमार आशीष बतवलें कि सारण जिला में कुख्यात अपराधी आ नक्सलियन के गिरफ्तारी के खिलाफ एगो विशेष मुहिम चलावल जा रहल बा। एही क्रम में परसा थाना के हरपुर निवासी कुख्यात अपराधी लाल बाबू मियां उर्फ आफताब मियां के गिरफ्तार कइल गइल बा। न्यायिक प्रक्रिया के तहत कार्रवाई करत जेल भेजल गइल बा। पुलिस के अपराधी के लमहर समय से तलाश रहे।

Read Also: Gorakhpur : महात्मा गांधी पोस्ट ग्रेजुएट कॉलेज में काव्य पाठ प्रतियोगिता में अनन्या, ऋद्धि आ अंजली अव्वल

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]