[the_ad_group id="30365"]

Bihar: जेपी विश्वविद्यालय के बीएड दुसरा बरिस के परीक्षा आज से, छात्रन आ वीक्षकन के मोबाइल फोन ले आवे पs रोक

PHD Enterance Exam
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जयप्रकाश विश्वविद्यालय के बीएड दुसरका बरिस (2021-2023) के परीक्षा बुध से सुरू होई। परीक्षा के लेके मंगर के तइयारी पूरा कs लिहल गइल रहे।

दुनो परीक्षा केंद्र पs मंगर के देर सांझ तक सीट प्लानिंग कइल गइल। एह संबंध में जेपीवि के जनसंपर्क पदाधिकारी डॉ.(प्रो.) हरिश्चंद्र बतवलें कि बीएड के परीक्षा कदाचार मुक्त वातावरण में करावे खातिर कुलपति प्रो.फारूक अली केंद्राधीक्षकन के निरदेस देलें बाड़ें।

जेपी विश्वविद्यालय के अंतर्गत छपरा, सिवान आ गोपालगंज के सब बीएड कालेजन के दुसरका बरिस के परीक्षार्थियन के परीक्षा 19-24 जुलाई 2023 तक होई। बीएड परीक्षा के लेके छपरा में दुगो परीक्षा केंद्र बनावल गइल बा।

छपरा जिला के बीएड कालेज के परीक्षार्थियन खातिर गंगा सिंह कालेज छपरा, सिवान आ गोपालगंज जिला के बीएड कालेज के परीक्षार्थियन खातिर राजेंद्र महाविद्यालय छपरा परीक्षा केंद्र बनावल गइल बा।

परीक्षा एक पाली में सबेरे 11:30 बजे से 2:30 बजे दिन तक चली। परीक्षा के दौरान परीक्षार्थी आ वीक्षकन के मोबाइल फोन लेके आवे पs रोक रही। परीक्षार्थियन के खाली प्रवेश पत्र आ कलम लेके आवे के कहल गइल बा।परीक्षा केंद्रन पs सघन तलाशी के बाद परीक्षार्थियन के हॉल में प्रवेश करावल जाई।

बीएड दुसरका बरिस के शिड्यूल

  • 19 जुलाई 23-कोर्स -7(बी)-एक स्कूल विषय-भाग-द्वितीय का अध्यापन
  • 20 जुलाई- कोर्स-8-ज्ञान और पाठ्यक्रम
  • 21 जुलाई-कोर्स- 9- सीखने के लिए आकलन
  • 22 जुलाई-कोर्स -10-एक समावेशी स्कूल बनाना
  • 24 जुलाई-कोर्स-11-वैकल्पिक पाठ्यक्रम
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]