सारण: पेट्रोल पंप पs पुलिस के पीछा कs के सामान लूटे वाला अपराधी गिरफ्तार 

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 16, 2024

सारण। पुलिस पेट्रोल पंप से लूट के मात्र 10 मिनट में पीछा करते अपराधियन के हथियार के संगे गिरफ्तार कs लेले बिया। पकड़ल गइल बदमाशन के लगे से लूट के मोबाइल जब्त कइल गइल बा।

Share

सारण। पुलिस पेट्रोल पंप से लूट के मात्र 10 मिनट में पीछा करते अपराधियन के हथियार के संगे गिरफ्तार कs लेले बिया। पकड़ल गइल बदमाशन के लगे से लूट के मोबाइल जब्त कइल गइल बा। घटना गरखा थाना क्षेत्र में भइल बा।

पुलिस के ओर से दु किलोमीटर तक अपराधियन के पीछा कs के दुगो के गिरफ्तार कइल गइल बा। पकड़ल गइल बदमाशन के पहचान पानापुर थाना क्षेत्र के बसंतपुर सतजोड़ा गांव निवासी गोलू सिंह पिता चंद्रशेखर सिंह आ मुफस्सिल थाना क्षेत्र के नेवाजी टोला निवासी अभिषेक सिंह पिता मुन्ना सिंह के रूप में भइल बा।

एसडीपीओ राजकिशोर सिंह बतवलें कि 14 अक्टूबर के 22:30 बजे गरखा थाना के सूचना मिलल कि ग्राम मैकी इस्थित पेट्रोल पंप पs कार्यरत कर्मी के हथियार के बल दिखाके दुगो अपराधियन के ओर से घटना के अंजाम दिहल गइल बा। सूचना पs कार्रवाई करत 10 मिनट के भीतर शान्ति लाइन होटल से 200 मीटर पहिले अवैध हथियार, कारतूस आ लूटल गइल सामान के संगे दुगो व्यक्ति 1. गोलू सिंह पिता स्व० चन्द्रशेखर सिंह उर्फ मुन्ना सिंह सा०- बसंतपुर सत्जोड़ा, थाना- पानापुर, जिला- सारण 2. अभिषेक सिंह पिता मुन्ना सिंह, सा०- नेवाजी टोला, थाना- मुफस्सिल जिला- सारण के पकड़ल गइल।

एह संदर्भ में गरखा थाना कांड सं०- 651/24, दिनांक-15.10.24, धारा-317(4)/31 बी०एन०एस० एवं 25 (1-बी) ए/26/35 आर्म्स एक्ट दर्ज कs के गिरफ्तार दुनो अभियुक्तन को न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.