[the_ad_group id="30365"]

सारण आ वैशाली के कुख्यात चंदन गिरफ्तार: हत्या लूट आ रंगदारी के कइयन ममिलन में रहे आरोपी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण आ वैशाली के कुख्यात अपराधी के पुलिस गिरफ्तार कs लेले बिया। कुख्यात सुभाष उर्फ चंदन के गिरफ्तारी पुलिस खातिर बड़ उपलब्धि बा। अपराधी चंदन वैशाली जिला के लालगंज थाना क्षेत्र के जहानाबाद गांव के रहे वाला बा, जवना के तलाश पुलिस के लमहर समय से रहे।

सुभाष उर्फ चंदन के सारण आ वैशाली के सीमावर्ती क्षेत्र में आतंक रहे। ऊ कइयन बड़ वारदात के अंजाम देले बा। गिरफ्तारी के जानकारी एसपी कुमार आशीष प्रेस रिलीज जारी करत देले बाड़ें।

सारण पुलिस के गुप्त सूचना मिलल बा कि कुख्यात चंदन मकेर थाना क्षेत्र के एगो गांव में छिपल बा। जवना के बाद स्थानीय मेकर थाना पुलिस आ एसटीएफ टीम बनाके छापेमारी कs के चंदन के गिरफ्तार कइल गइल। चंदन पs कइयन थाना में हत्या, लूट, छिनतई सहित कइयन संगीन धारा में ममिला दर्ज बा।

कुख्यात के गिरफ्तारी के जानकारी देत एसपी कुमार आशीष प्रेस रिलीज में बतवलें कि सारण जिलाअंतर्गत अपराध के मुख्य शीर्ष में वांछित/कुख्यात अभियुक्तन के गिरफ्तारी खातिर लगातार अभियान चलावल जा रहल बा। एही क्रम में दिनांक-20.09.24 के मकेर थाना पुलिस टीम आ एसटीएफ टीम के ओर से मकेर थाना कांड संख्या-50/16, दिनांक-05.01.16 धारा-386/387/399/402/120(बी) भादवि0 आ 25(1-बी)ए/26/35 आर्म्स एक्ट आउर 4/5 विस्फोटक पदार्थ अधिनियम आ 16(1)(बी)/17/18/18(ए)/19 /20/38/39/40 यूएपीए एक्ट के अभियुक्त सुभाष गुप्ता उर्फ चंदन के वैशाली से पकड़ल गइल बा। ई जहानाबाद के रहे वाला बा।

गिरफ्तार अभियुक्त सुभाष गुप्ता उर्फ चंदन के अब तक के आपराधिक इतिहास-

1. पारू थाना कांड सं- 220/12, 230/12

2. साहेबगंज थाना कांड सं- 20/13

3. सरैया थाना कांड सं- 51/12, 441/16, 75/13

4. पानापुर थाना कांड सं- 25/10

5. मकेर थाना कांड सं- 50/16

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]