[the_ad_group id="30365"]

हिमाचल प्रदेश के संजौली में बनत मस्जिद पs जबरदस्त बवाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हिमाचल प्रदेश के राजधानी शिमला में कथित तौर पs अवैध मस्जिद के लेके हंगामा मच गईल बा। खबर के मुताबिक शिमला के संजौली में बनल अवैध मस्जिद से जुड़ल विवाद बढ़ता अवुरी राज्य के सुखविंदर सिंह सुक्खू सरकार के मंत्री अनिरुद्ध सिंह अवैध निर्माण के तुरंत हटावे के मांग कईले बाड़े। शिमला के चौड़ा मैदान में हिन्दू संगठनों के लोग विरोध प्रदर्शन करत बाने। संजौली में मस्जिद बनल आसपास के इलाका में भारी पुलिस बल के तैनाती कईल गईल बा। बतावल जाता कि संजौली में बाजार के ठीक बगल में इs मस्जिद बनल बा अवुरी एकर दु मंजिल गैरकानूनी बा।

मस्जिद गैरकानूनी तरीका से बनल रहे

चूंकि मस्जिद गैरकानूनी बा एहसे एकरा के गिरावे के मांग बा। बता दीं कि ठीक एही अतवार के दिने एहिजा प्रदर्शन भइल आ अब मामिला तेज हो गइल बा. अयीसना में सरकार कवनो अप्रिय घटना से बचे खातीर संजौली में 5 किलोमीटर के त्रिज्या में पुलिस बल के तैनाती कईले बिया। दुपहरिया 12 बजे ले पूरा इलाका में सबकुछ शांत रहे बाकीर

ओकरा बाद अचानक भीड़ मौका पs पहुंच गईल। एही बीच हिमाचल प्रदेश सरकार के मंत्री अनिरुद्ध सिंह आरोप लगवले कि मस्जिद बहरी के लोग गैरकानूनी तरीका से बनवले बा अवुरी एकरा के तुरंत हटावे के चाही।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]