[the_ad_group id="30365"]

संध्या टोपनो हत्याकांड: ओड़िशा से सिमडेगा, गुमला, खूंटी के रस्ता आवत रहले सs तस्कर, पकड़ ना पाइल पुलिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एही दौरान पिकअप वैन आवत लउकल। संध्या खुद ओकरा के हाथ देके रोके के इशारा कइली। एकरा बाद पिकअप के रफ्तार कम हो गइल। ई देख संध्या वाहन के सामने आ गइली। अचानके पिकअप वैन के रफ्तार तेज भइल जवना के चपेट में संध्या आ गइली। एकरा बाद वैन चालक पुलिस के गश्ती गाड़ी में धक्का मार देले। फेर  संध्या के घसीटत पिकअप वैन चालक लमसम 100 मीटर आगे चल गइल। एकरा बाद वाहन के चक्का फाट गइल।

संध्या के माथा आ छाती में गंभीर चोट के बात सामने आइल बा। जानकारी के अनुसार, पशु तस्कर पिकअप वैन से ओड़िशा से 350 किमी के दूरी तय कs के हुलहुंडू पहुंचल रहले सs। गश्ती गाड़ी के सिपाही किशोर केरकेट्टा बतवले कि हमनी के ई सूचना ना दिहल गइल रहे कि पशु तस्कर बैरिकेडिंग तुर के आवत बा लो। ई जानकारी होखला पs हमनियो के सावधानी से वाहन चेकिंग कइले रहती सs।

मुख्य तस्कर के जल्दी गिरफ्तार करे रांची पुलिस

पिकअप वैन के चालक के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। ओहिजा मुख्य तस्कर के जल्दी गिरफ्तार करे के निरदेस रांची पुलिस के दिहल गइल बा।

नीरज सिन्हा, डीजीपी

रांची में पुलिस पs होत रहल बा हमला 

24 अक्तूबर 2021: अरगोड़ा चौक पs पिकअप वैन के चालक राजू कुमार ड्यूटी पs तैनात ट्रैफिक जवान धीरेंद्र कुमार राय के कचार के मार डलले रहे। भागे के दौरान वैन के गुल्लक डिबडीह पुल के लगे टूट गइल आ चालक धरा गइल।

18 मार्च 2021: चुटिया थाना क्षेत्र के मकचुंद टोली में छिनतई करे वाला अपराधियन द्बारा इंस्पेक्टर सुभाष चंद्र लकड़ा के गोड़ में गोली मार दिहल गइल रहे। हालांकि दुनो अपराधी मौका देख भाग निकलले।

31 जुलाई 2020: तुपुदाना ओपी के एएसआइ कामेश्वर रविदास के हत्या कs के अपराधियन शव के एगो खदान में फेंक दिहल गइल रहे। एह ममिला में पुलिस एगो आरोपी के गिरफ्तार कs लेले रहे। एकरा बाद जांच में आपसी विवाद में हत्याकांड के बात सोझा आइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]