Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Samsung Galaxy C55 भइल लॉन्च, धांसू फीचर्स के साथे इसमें मिलल लेदर बैक फिनिश

308

स्मार्टफोन बाजार में सैमसंग बहुत बड़ नाम बा। सैमसंग के लगे बजट से लेके मिडरेंज अवरू फ्लैगशिप सेगमेंट ले के बहुत विकल्प बा। अगर आप सैमसंग के नया फोन खरीदे के बा त आपके खाती एगो निमन खबर बा। सैमसंग बाजार में एगो नाया स्मार्टफोन सैमसंग गैलेक्सी सी55 लॉन्च कईले बा। सैमसंग एह स्मार्टफोन के बहुत बढ़िया फीचर के संगे पेश कईले बा।

अगर आपके बजट 20 हजार से 25 हजार रुपिया के बीच बा तs आप खुद सैमसंग गैलेक्सी सी55 के जांच कs सकतानी। एकरा में कंपनी एमोलेड डिस्प्ले पैनल देले बिया अवुरी एकरा में बड़ फास्ट चार्जिंग भी उपलब्ध करावल गईल बा। एकरा बारे में विस्तार से बतावत बानी जा।

कम दाम में रउरा बढ़िया बढ़िया फीचर मिल जाई

सैमसंग गैलेक्सी सी55 के दु वेरिएंट के संगे पेश कईले बा। एकर पहिला वेरिएंट 8GB रैम अवरू 256GB स्टोरेज के संगे बा जबकि दूसरा वेरिएंट में 12GB रैम अवरू 256GB स्टोरेज दिहल गईल बा। 8GB के वेरिएंट के 1,999 CNY यानी लगभग 23,000 रुपया में लॉन्च कईल गईल बा जबकि 12GB के वेरिएंट CNY 2,299 यानी लगभग 26,000 रुपया में लॉन्च कईल गईल बा। सैमसंग एकरा के ऑरेंज अवरू ब्लैक फिनिश के संगे लॉन्च कईले बा।

अगर आप भारत में रहेनी अवुरी इs स्मार्टफोन खरीदे के चाहतानी तs बताई कि फिलहाल कंपनी एकरा के चीन बाजार में पेश कईले बिया। हालांकि भारतीय बाजार के देखत उम्मेद बा कि सैमसंग जल्दिए इहाँ ऐस लॉन्च कs सकता।

सैमसंग गैलेक्सी सी55 के स्पेसिफिकेशन

सैमसंग गैलेक्सी सी55 में यूजर के 6.7 इंच के फुल एचडी प्लस डिस्प्ले दिहल गईल बा। एकरा में एमोलेड डिस्प्ले पैनल बा। सुचारू प्रदर्शन खातिर एकर रिफ्रेश रेट 120Hz बा। एकर पीक ब्राइटनेस 1000 निट्स बा, जवना से आप एकर इस्तेमाल धूप में भी आसानी से कs सकतानी। एकरा में आपके 12GB तक के रैम अवरू 256GB ले के स्टोरेज मिली।

रोजमर्रा के काम अवुरी सामान्य भारी काम खातीर स्मार्टफोन एगो सही विकल्प हो सकता। एकरा में कंपनी स्नैपड्रैगन 7 जेन 1 प्रोसेसर देले बिया। खास बात इs बा कि एकरा में आप 1TB तक स्टोरेज बढ़ा सकतानी। फोटोग्राफी खातिर एकर रियर पैनल में गैलेक्सी एस23 निहन ट्रिपल कैमरा सेटअप बा। एकरा में 50+8+2 मेगापिक्सेल के कैमरा सेंसर बा। एकर बड़ बैटरी 5000mAh के बा।

 

 

 

 

 

801260cookie-checkSamsung Galaxy C55 भइल लॉन्च, धांसू फीचर्स के साथे इसमें मिलल लेदर बैक फिनिश

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.