[the_ad_group id="30365"]

सैमसंग गैलेक्सी S23 अल्ट्रा पs 83 हजार के छूट, आधा से कम कीमत में 200MP फोन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आज के वक्त में आईफोन 14 सीरीज के कवनो स्मार्टफोन टक्कर दे रहल बा, तs ऊ सैमसंग गैलेक्सी एस23 अल्ट्रा स्मार्टफोन हs। ई सैमसंग के सबसे प्रीमियम स्मार्टफोन हs, जेमें एस-पेन के सपोर्ट मिलेला। बाकिर एह स्मार्टफोन के कीमत करीब 1.50 लाख रुपिया बा। अइसन में सब ग्राहक एह स्मार्टफोन के किन ना सकेला। बाकिर गैलेक्सी एस23 अल्ट्रा के अब तक के सबसे सानदार ऑफर दिहल जा रहल बा, जहां से एह स्मार्टफोन के सीधे 83 हजार रुपिया के डिस्काउंट ऑफर पर किनल जा सकत बा। अइसन में स्मार्टफोन के कीमत आधा से कम हो जाला।

कीमत आ ऑफर्स 

सैमसंग गैलेक्सी एस23 अल्ट्रा के कीमत 1,49,9999 रुपिया बा। बाकिर फ्लिपकार्ट पs फोन के 16 फीसद डिस्काउंट के बाद 1,24,999 रुपिया में बिक्री खातिर उपलब्ध करावल गइल बा। माने फोन के फ्लिपकार्ट पs 25 हजार रुपिया में बिक्री खातिर पेश कइल गइल बा। ओहिजा फोन के खरीद पs सीधे 40 हजार रुपिया के एक्सचेंज ऑफर दिहल जा रहल बा। संगही सेलेक्टेड मॉडल पs 10 हजार रुपिया के अतिरिक्त डिस्काउंट ऑफर दिहल जा रहल बा। एह तरे कुल 50 हजार रुपिया के डिस्काउंट ऑफर मिल रहल बा। अइसन में कुल छूट 77 हजार रुपिया हो जात बा। ओहिजा एचडीएफसी बैंक डिस्काउंट ऑफर में 8000 रुपिया के छूट दिहल जा रहल बा। एकरा बाद कुल छूट 83 हजार रुपिया हो जात बा। अइसन में रउआ 1.50 लाख रुपिया वाला स्मार्टफोन के 83 हजार रुपिया के छूट पs किन सकत बानी, जवन एकरा कीमत के आधा बा। ओहिजा फोन के 13,889 रुपिया मंथली ईएमआई ऑप्शनो में किने के ऑफर दिहल जा रहल बा। फोन के खरीद पs 1 साल के वॉरंटी दिहल जा रहल बा।

स्पेसिफिकेशन्स

सैमसंग गैलेक्सी एस 23 स्मार्टफोन 12 जीबी रैम आ 256 जीबी स्टोरेज में आवेला। फोन में 6.8 इंच के क्वॉड डिस्प्ले दिहल गइल बा। फोन में 200 मेगापिक्सल के कैमरा मिलत  बा। साथे 12 मेगापिक्सस आ दु गो 10 मेगापिक्सल के कैमरा मिलत बा। जबकि फ्रंट में 12 मेगापिक्सल कैमरा मिलत बा। फोन 5000 mAh बैटरी आ क्वॉलकॉम स्नैपड्रैगान 8 जेन 2 चिपसेट के संगे आवेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]