Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Glaxy Unpacked 2023:Samsung Glaxy S23 सीरिज के तीन गो बेजोड़ फ़ोन भइल लांच ,200 MP कैमरा वाला फ़ोन के अतना बा कीमत !

साउथ कोरियन टेक कम्पनी सैमसंग के ओर से अधिकारिक लांच इवेंट Glaxy Unpacked 2023 में कंपनी आपन प्रीमियम फ़ोन के सीरिज Glaxy S23 के सीरिज के तीन गो फ़ोन के लांच कईले बिया एह फोन में 200 MP तक के कैमरा के फीचर दिहल गइल बा |

1,791

मिली  सबसे तगड़ा Qualcomm प्रोसेसर 

Samsung नयका फ़ोन सैमसंग Galxy S सीरिज  के नयका वर्जन Samsung Glaxy S23 सीरिज के दमदार परफॉरमेंस खातिर Qualcomm प्रोसेसर के सबसे तगड़ा आ नयका  वर्जन Snapdragon  8 Gen2 प्रोसेसर दिहल गईल बा | LPDDR5X रैम  आ  4 .0 स्टोरेज के सपोर्ट मिल रहल बा | फ़ोन  बहूत देरी तक चले आ आ लम्बा बैकअप मिले ओकरा खातिर Samsung Glaxy S23 आ Samsung Glaxy S23 प्लस में 3900 mAH आ 4700 mAH के बैटरी दिहल गईल बा | ओहिजे Samsung Glaxy S23 ultra वाला वर्जन में सबसे बड़की 5000 mAH वाली बैटरी दिहल गईल बा |

 

 मिली 120 Hz रिफ्रेश  रेट वाला LTPO डिस्प्ले

डिस्प्ले के ममिला में सैमसंग हरमेसा से अउरी कुल्ही कम्पनीयन से आगे रहल बिया | एहु बारी जब उ  अपना फ्लैगशिप फ़ोन के नयका बी=वर्जन के संगे आईल बिया तबो ओकर डिस्प्ले एकदम नयका वर्जन के संगे बा | एह तीनो फोनन  के डिस्प्ले बहुते जोरदार आ तगड़ा बा  | कंपनी  Samsung Glaxy S23 सीरीजो में गोरिल्ला ग्लास विक्ट्स 2  के सुरक्षा  के संगे  बेहतरीन डिस्प्ले देले बिया |Samsung Glaxy S23 आ  Samsung Glaxy S23 प्लस  में फुल HD+ रेजुलेशन वाला LTPO AMOLED डिसप्ले  QHD+  रेजुलेशन के संगे दिहल गईल बा | एह तीनो डिवाइसन में 120 Hz रिफ्रेश रेट वाला डिस्प्ले के संगे  1750nits  के पीकब्राइटनेसो  मिलत बा |

मिल रहल बा तगड़ा रेटिंग 

Samsung कम्पनी के फोनन के बात कुछ अलगा होला आ जब से इ कम्पनी मार्केट में आईल तब से मिडिल क्लास के लोगन के आपन एगो पहिचान आ ओकरा मार्केट पs जोदार [पकड़ बना के अब तक चलल आ रहल बिया |ओकर एहू तीनो फोनन के बहुते तगड़ा रेटिंग मिल रहल बा | एह नयका Glaxy  S23  सीरिज के फोनन के IP68 रेटिंग दिहल गईल बा  | नयका फ़ोन एंड्राइड 13 पs आधारित One UI5.O पs काम करेला |

 

धांसू  प्रो-ग्रेड 200 MP कवाड कैमरा सेटअप 

सबसे तगड़ा आ पावरफुल Samsung Glaxy S23 Ultra में रियर  पैनल  पs  200 MP प्राइमरी कैमरा ,12 MP के  अल्ट्रा वाइड सेंसर 10 MP टेलीफेटो सेंसर अउरी 10 MP पेरिस्कोप सेंसर दिहल गईल बा | डिवाइस में इन्हंसड ऑटो फोकस ,  2x Ols अउरी लो नाईटोग्राफी जईसन सुबिधा दिहल गईल बा |  ओहिजे Samsung Glaxy S23  अउरी Samsung Glaxy S23 प्लस  में 50 MP प्राइमरी कैमरा सेंसर के संगे 12MP अल्ट्रा वाइड सेंसर अउरी 10MP टेलीफेटो सेंसर दिहल गईल बा |  सेल्फी अउरी विडियोकालिंग खातिर नयका  लाइनअप में 12MP फ्रंट कैमरा दिहल गईल बा |

जानी कतना बा एह तीनो फोनन के कीमत       

Samsung Glaxy S23 सुरुआती कीमत 799 डालर (करीब 65000 रुपया राखल गईल बा ) |ओहिजे  Samsung Glaxy S23 Plus के कीमत  999 डालर (करीब 81 ,900 रुपया ) के सुरुआती कीमत पs खरीदल जा सकेला |एह सीरिज के सबसे तगड़ा आ बेजोड़ फोन Samsung Glaxy S23 Ultra के ग्लोबल मार्केट में ग्राहक लोग 1,199 डालर (लगभग 98 ,300 रुपया ) में खरीद सकेला |एह फोनन के प्री-आर्डर होखे सुरु हो गईल बा अउरी इ तीनो फोन 17 फरवरी से मार्केट में उपलब्ध हो जाई |  भारत के मार्केट में एह फोनन के कीमत से परदा  आजू 2 फ़रवरी के दुपहरिया में आयोजित  होखे वाला लाइव स्ट्रीम में उठ जाई |

448270cookie-checkGlaxy Unpacked 2023:Samsung Glaxy S23 सीरिज के तीन गो बेजोड़ फ़ोन भइल लांच ,200 MP कैमरा वाला फ़ोन के अतना बा कीमत !

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.