[the_ad_group id="30365"]

Samsung Galaxy M56 5G तगड़ा फीचर्स के साथ भारत में लॉन्च, जानीं कीमत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सैमसंग गैलेक्सी एम 56 भारत में लॉन्च भईल बा। सैमसंग के इs लेटेस्ट 5जी स्मार्टफोन में 8GB रैम, 256GB स्टोरेज, 5000mAh बैटरी जईसन शक्तिशाली फीचर दिहल गईल बा। इs फोन पछिला साल लॉन्च भईल गैलेक्सी एम 55 5जी के अपग्रेड होई। दक्षिण कोरियाई कंपनी ए फोन के डिजाइन में एगो बड़ अपग्रेड कईले बिया। एकरे अलावा एकर कई गो हार्डवेयर फीचर सभ के भी अपग्रेड कइल गइल बा। सैमसंग के इ फोन 23 अप्रैल से भारत में बिक्री खाती उपलब्ध करावल जाई।कंपनी पहिला बिक्री में फोन खरीदला पs भी अलग-अलग ऑफर दे रहल बिया। आ, आईं सैमसंग के एs लेटेस्ट मिड बजट स्मार्टफोन के दाम अवुरी फीचर के बारे में जानल जाए…

सैमसंग गैलेक्सी एम56 5जी के फीचर

सैमसंग के इs फोन 6.73 इंच के FHD+ डिस्प्ले के संगे आईल बा। फोन में sAMOLED + डिस्प्ले बा, जवन 120Hz हाई रिफ्रेश रेट अवरू विजन बूस्टर जईसन फीचर के सपोर्ट करेला। दक्षिण कोरियाई कंपनी एs फोन में इन-हाउस एक्सीनॉस 1480 5जी प्रोसेसर के इस्तेमाल कईले बिया। एकरा संगे 8GB LPDDR5X रैम अवरू 256GB तक के UFS 3.1 स्टोरेज के सपोर्ट उपलब्ध बा। सैमसंग के इs फोन एंड्रॉयड 7.0 प आधारित वनयूआई 15 पs काम करेला।

सैमसंग एs फोन के बैक पैनल में ट्रिपल कैमरा डिजाइन देले बा। कंपनी एs फोन के कैमरा मॉड्यूल के डिज़ाइन में बदलाव कईले बिया। एs फोन के पीछे 50MP के मुख्य ओआईएस कैमरा उपलब्ध होई। एकरा संगे 8MP अल्ट्रा वाइड अवरू 2MP मैक्रो कैमरा भी उपलब्ध होई।एs फोन में सेल्फी अवरू वीडियो कॉलिंग खातीर 12MP के कैमरा बा। फोन के आगे अवुरी पीछे दुनो कैमरा से एचडीआर वीडियो कैप्चर कईल जा सकता।

सैमसंग गैलेक्सी एम56 में एआई फीचर दिहल गईल बा। एहमें गूगल जेमिनी बेस्ड एआई एडिटिंग, सर्कल टू सर्च जइसन फीचर उपलब्ध होखी. इ फोन 5,000mAh के बैटरी अवरू 45W तार से फास्ट चार्जिंग के संगे दिहल गईल बा। कनेक्टिविटी खातिर ए फोन में ब्लूटूथ 5.3, एनएफसी, यूएसबी टाइप सी जईसन फीचर बा, एs फोन के डिस्प्ले के सुरक्षा खातीर कॉर्निंग गोरिल्ला ग्लास विक्टस+ उपलब्ध बा।

सैमसंग गैलेक्सी एम56 के दाम

सैमसंग के इs फोन दुगो स्टोरेज वेरिएंट में बा – 8GB रैम + 128GB अवरू 8GB रैम + 256GB। एs फोन के शुरुआती कीमत 27,999 रुपया बा। एकरा संगे एकर टॉप वेरिएंट 30,999 रुपया में आवेला। एह फोन के खरीदला पs 3000 रुपया के तुरंत छूट मिल जाई। एकरा के करिया अवुरी हरियर रंग में खरीदल जा सकता।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी Herself आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]