Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Samsung Galaxy A35, Galaxy A55 लॉन्च, शानदार डिजाइन के साथ मिलेगा दमदार कैमरा

1,031

Samsung  ‘A’ सीरीज स्मार्टफोन के भारत में लॉन्च कs देले बा। नया स्मार्टफोन में Galaxy A55 5G आ Galaxy A35 5G के नाम सामिल बा। दुनए स्मार्टफोन के कैमरा में बहुते सुधार कइल गइल बा। काहेकि एमे ऑप्टिकल इमेज स्टेबलाइजेशन (OIS) आ वीडियो डिजिटल इमेज स्टेबलाइजेशन मिले वाला बा। एकरा अलावे दुनए स्मार्टफोन्स में AMOLED Display के इस्तेमाल कइल बा जवन विजन बूस्टर के संगे आवेला।

Samsung Galaxy A35 के तीन कलर ऑप्शन में उतारल गइल बा। एमे Awesome Iceblue, Awesome Lilac आ Awesome Navy के नाम सामिल बा जबकि Galaxy A55 स्मार्टफोन में दुगो कलर ऑप्शन मिली, जवन Awesome Iceblue आ Awesome Navy बा।

A55 के बात करीं तs एमे तीन गो रैम ऑप्शन मिलत बा जवन 8GB + 128GB, 8GB + 256GB आ 12GB + 256GB होई। अइसही Samsung Galaxy A35 में होखे वाला जवन तीन अलग-अलग ऑप्शन के संगे आवेला। ई 6GB + 128GB, 8GB + 128GB आ 8GB + 256GB हs।

हालांकि, कंपनी के ओर से अभी ले तीनों स्मार्टफोन के कीमत के खुलासा नइखे कइल गइल। 14 मार्च के दुपहरिया 12 बजे एकर कीमत के खुलासा कइल जाई। सैमसंग के ऑफिशियल साइट से ग्राहक एकर प्रीबुकिंग करवा सकत बा लो।

A55 में Exynos 1480 SoC के संगे 12GB RAM आ 256GB Storage के ऑप्शन मिले वाला बा। ई स्मार्टफोन One UI 6.1 बेस्ट हs जवन Android 14 पs काम करेला। फोन में 6.6 Inch FHD+ Super AMOLED Display मिलत बा जवन 120Hz रिफ्रेश रेट के सपोर्ट करेला।

ओहिजा, Galaxy A35 में Exynos 1380 SoC मिले वाला बा। ई 256GB Storage Option के संगे आवेला। कैमरो में रउआ बहुते सुधार देखे के मिले वाला बा, काहेकि एमे 50MP के प्राइमरी रियर कैमरा दिहल जाला। एकरा अलावे 8MP Ultra Wide Camera मिली। फ्रंट खातिर 13MP के कैमरा दिहल गइल बा। जवन हर लिहाज से बहुते अच्छा साबित होला।

762960cookie-checkSamsung Galaxy A35, Galaxy A55 लॉन्च, शानदार डिजाइन के साथ मिलेगा दमदार कैमरा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.