Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लखनऊ में बवाल: अखिलेश के रोके खातिर दरवाजा पs लगावल गइल ताला, गेट पs चढ़के JPNIC परिसर में दाखिल भइले सपा मुखिया

Lucknow News: जय प्रकाश नारायण के जयंती पs जेपीएनआईसी के गेट बंद कइल गइला से नाराज सपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादव ओकरा के फानके भीतर प्रवेश कs गइले। अखिलेश यादव अपना रथ से आइल रहस। उनका के मना करे जइसही पुलिस अधिकारी रथ के भीतर गइल लो अखिलेश यादव नाराज हो गइलें। अखिलेश तुरंत रथ से उतरले आ गेट फानके भीतर चले गइलें।

1,182

जयप्रकाश नारायण के जयंती पs बुधवार के समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादव लखनऊ के जेपीएनआइसी पहुंचलें। अखिलेश के पहुंचला पs पुलिस उनका के परिमिशन ना होखे के हवाला देलस आ रोके के प्रयास कइलें।

पुलिस अखिलेश के रोके खातिर जेपीएनआइसी के गेट पs ताला लगा देलस आ गेट के फांदके केहू भीतर ना जा सके एकरा खातिर एक दिन पहिलही लोहा के चादर लगा दिहल गइल रहे।

गेट फानके अखिलेश कइलें माल्यार्पण

जय प्रकाश नारायण के जयंती पs जेपीएनआईसी के गेट बंद कइल गइला से नाराज सपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादव ओकरा के फानके भीतर प्रवेश कs गइले। अखिलेश यादव अपना रथ से आइल रहस। उनका के मना करे जइसही पुलिस अधिकारी रथ के भीतर गइल लो अखिलेश यादव नाराज हो गइलें।

अखिलेश तुरंत रथ से उतरले आ गेट फानके भीतर चले गइलें। उनका पीछे बड़ संख्या में कार्यकर्ता गइल लो। वापस आने पs कार्यकर्ता लोग पहिले गेट के ताला तुरे के कोसिस कइल लो, तब तक अखिलेश आ गइलें। दोबारा गेट फानके अखिलेश बाहर अइले। एह बीच गेट के ताला टूट गइल। अखिलेश प्रदेश सरकार पs तानाशाही के आरोप लगवलें।

बता दीं एलडीए सुरक्षा कारणन के हवाला देत पूर्व मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के जेपीएनआइसी में माल्यार्पण कार्यक्रम के अनुमति देवे से मना कs देले रहे।

सपा एलडीए से मंगलें रहस अनुमति

अखिलेश यादव जयप्रकाश नारायण इंटरनेशनल सेंटर (जेपीएनआइसी) में जयप्रकाश नारायण के प्रतिमा पs माल्यार्पण करे के कार्यक्रम तय कइले रहस। सपा प्रदेश कार्यालय के ओर से एलडीए उपाध्यक्ष डा. इंद्रमणि त्रिपाठी से अनुमति मांगल गइल रहस।

पूर्व मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के जेपीएनआइसी में सुरक्षा कारणन से कार्यक्रम करे के अनुमति नइखे दिहल गइल। इहां सफाई के काम चल रहल बा। एहिसे ताला लगावल गइल। -एलडीए अपर सचिव,  ज्ञानेंद्र वर्मा

साभार: दैनिक जागरण

660320cookie-checkलखनऊ में बवाल: अखिलेश के रोके खातिर दरवाजा पs लगावल गइल ताला, गेट पs चढ़के JPNIC परिसर में दाखिल भइले सपा मुखिया

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.