Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सैम पित्रोदा बोललें- भारत के वोटरन में चउकावे के आदत : इंदिरा इमरजेंसी लगवली तs लोग बाहर कs देले रहे, चुनाव नतीजन पs जल्दबाजी मत करीं 

68

इंडियन ओवरसीज कांग्रेस के अध्यक्ष सैम पित्रोदा के उम्मीद बा कि, लोकसभा चुनाव में कांग्रेस आ INDIA गुट अच्छा प्रदर्शन करी। ऊ कहलें- भारतीय मतदाता में चउकावे के प्रवृत्ति होला।

पित्रोदा ई बात न्यूज ANI से बातचीत में कहलें। ऊ आगे कहलें- हमनी के दु महीना के इंतजार करे के होई आ चुनाव के नतीजा पता चल जाई।

अभी ई अनुमान लगवला के जरूरत नइखे कि का होई। इंदिरा गांधी जब इमरजेंसी लगवली तs उनका के बाहर कs दिहल गइल। बाद में उनकर दोबारा वापसी भइल। एहिसे इंडियन वोटर्स के बुद्धिमत्ता के कम मत आंकी।

पित्रोदा बोललें- वोटर्स पs कुछ भरोसा रखीं, चुनावकर्ता पs ना 

पित्रोदा कहलें- जदि भारतीय मतदाता लोगन के लागत बा कि ऊ एगो लोकतांत्रिक देस में रहल चाहत बा, ऊ एगो गैर-तानाशाही वाला माहौल में रहल चाहत बा। ऊ चाहत बा कि संस्था काम करें, ऊ स्वतंत्रता, लचीलापन चाहत बा।

ऊ अपना पसंदीदा धरम के पालन कइल चाहत बा, ऊ बियाह कइल चाहते बा। जदि ओकरा लागत बा कि नौकरियन के बात होखे के चाहीं तs ऊ ओहि अनुसार वोट करे, एहिसे भारतीय मतदाता पs कुछ भरोसा रखीं, चुनावकर्तन पs ना।

कांग्रेस नेता लोकसभा चुनाव में अच्छा लड़ाई लड़ रहल बा लो

प्रधानमंत्री राजीव गांधी के पूर्व सलाहकार सैम पित्रोदा नेहरू-गांधी परिवार के करीबी मानल जाले। ऊ कहलें कि कांग्रेस नेता लोकसभा चुनावन में अच्छा लड़ाई लड़े खातिर कड़ा मेहनत कs रहल बा लो।

ऊ कहलें, INDIA गठबंधन बहुते अच्छा काम कs रहल बा। मल्लिकार्जुन खड़गे, राहुल गांधी, प्रियंका गांधी आ कांग्रेस पार्टी के कइयन आउर लोग कड़ा मेहनत कs रहल बा लो।

पित्रोदा कांग्रेस के घोषणा पत्र के तारीफ कइलें 

पित्रोदा कहलें कि एह महीना के सुरुआत में जारी कांग्रेस के घोषणापत्र के तारीफ करत कहलें- ई देस के लोगन खातिर एगो आदर्श घोषणापत्र हs। ऊ कहलें, घोषणापत्र के गुणवत्ता देखीं। हमरा नइखे लागत कि ई कवनो कम्युनिस्ट घोषणापत्र हs।

792650cookie-checkसैम पित्रोदा बोललें- भारत के वोटरन में चउकावे के आदत : इंदिरा इमरजेंसी लगवली तs लोग बाहर कs देले रहे, चुनाव नतीजन पs जल्दबाजी मत करीं 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.