Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Salman Khan Firing Case: सलमान खान के घर पऽ फायरिंग के आरोपी अनुज के दोबारा होई पोस्टमार्टम, हाईकोर्ट देलस आदेश

322

Salman Khan Firing Case: मुंबई में सलमान खान (Salman Khan) के घर गैलेक्सी अपार्टमेंट के बाहर फायरिंग करे वाला आरोपी अनुज थापन पकड़इला जाने के बाद जेल में आत्महत्या कऽ लेलस। एही मामले में पुलिस आत्महत्या करे के बात कहलस। ओहिजा अनुज के माई हाईकोर्ट में याचिका दायर कऽ के मौत के संदिग्ध बतवली ओपर जांच के बात कहली। उहे, हाईकोर्ट दोबारा पोस्टमार्टम के आदेश जारी कऽ देलस।

पंजाब आ हरियाणा हाई कोर्ट सलमान खान (Salman Khan) के घर के बहरी फायरिंग करे वाला आरोपित अनुज थापन (Anuj Thapan) के दोबारा पोस्टमार्टम करवावे के आदेश देलस। कोर्ट फरीदकोट के मेडिकल सुपरिटेंडेंट के दू दिन के भीतर मेडिकल बोर्ड गठित कऽ के पोस्टमार्टम करवावे के आदेश देले बा।

26 अप्रैल के पंजाब पुलिस कइले रहे गिरफ्तार

हाईकोर्ट अनुज के माई द्वारा याचिका पs ई आदेश जारी कइलस। दायर याचिका में आरोप लगावल गइल बा कि उनका बेटा के संदिग्ध परिस्थिति में मौत भइल बा, एकरा खातिर जांच बेहद जरूरी बा। सलमान खान के घर, गैलेक्सी अपार्टमेंट के बहरी फायरिंग करे के आरोप में 32 साल के अनुज थापन के 26 अप्रैल के पंजाब से गिरफ्तार कइल गइल रहे।

लॉकअप में कइले रहले आत्महत्या

मुंबई पुलिस के अनुसार, थापन भोरे 11 बजे पुलिस लॉकअप से लागल बाथरूम में आत्महत्या कर लेलस। अनुज थापन पs शूटरन के हथियार मुहैया करावे के आरोप रहे जवन 14 अप्रैल के सलमान खान के घर के बहरी पांच राउंड फायरिंग कइले रहले सन।

819090cookie-checkSalman Khan Firing Case: सलमान खान के घर पऽ फायरिंग के आरोपी अनुज के दोबारा होई पोस्टमार्टम, हाईकोर्ट देलस आदेश

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.