[the_ad_group id="30365"]

जनवरी में कारन के सेल पकड़लस रफ्तार, धड़ाधड़ भइल सेल, छा गइली सs ई कंपनी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मारुति सुजुकी, हुंडई आ टाटा मोटर्स जइसन प्रमुख वाहन विनिर्माता कंपनियन के थोक बिक्री में जनवरी में पॉजिटिव ग्रोथ दर्ज कइल गइल बा। सेमीकंडक्टर चिप सप्लाई बेहतर होखला आ मांग बेहतर रहला से अधिकतर वाहन कंपनी अच्छा बिक्री दर्ज कइल। एह दौरान घरेलू बाजार में मारुति के कुल पैसेंजर व्हीकल्स के बिक्री 14 प्रतिशत बढ़के 1,55,142 यूनिट्स हो गइल।

मारुति के सेल बढ़ल

MSI के वरिष्ठ कार्यकारी अधिकारी शशांक श्रीवास्तव कहलें कि अभियो सेमीकंडक्टर आपूर्ति के कमी के कारण प्रोडक्शन में समस्या आ रहल बा। लिहाजा थोक बिक्री के संगे-संगे खुदरा बिक्री पs असर बनल बा। एही तरे, हुंडई मोटर इंडिया लिमिटेड (HMIL) के कुल बिक्रियो पिछला महीना 16.6 प्रतिशत बढ़के 62,276 यूनिट्स रहल। एक साल पहिले एही महीना में उ 53,427 यूनिट्स सेल कइले रहे। एह दौरान कंपनी के घरेलू बिक्रियो 44,022 यूनिट्स से बढ़के 50,106 यूनिट्स रहल।

हुंडई के बढ़िया सेल

HMIL के निदेशक तरुण गर्ग कहलें, ”हमनी के कैलेंडर वर्ष 2023 के पहिला महीना में डबल डिजिट्स में ग्रोथ दर्ज कइले बानी सs। हमनी के एसयूवी – टकसन, क्रेटा, वेन्यू, अल्कजार आ कोना पिछला महीना 27,532 यूनिट्स के बिक्री के संगे संबंधित क्षेत्रन में मजबूत बिक्री के रफ्तार के बना के रखलस। ओहिजा एगो आ उर वाहन विनिर्माता टाटा मोटर्स के जनवरी के दौरान कुल बिक्री 6.4 प्रतिशत बढ़के 81,069 यूनिट्स हो गइल। उ एक साल पहिले एही महीना में कुल 76,210 यूनिट्स बेचलें रहे।

डोमेस्टिक सेल बढ़ल

एह दौरान घरेलू बाजार में ओकर कुल बिक्री 10 प्रतिशत बढ़के 79,681 यूनिट्स हो गइल। एह दौरान इलेक्ट्रिक वाहनन समेत ओकर यात्री वाहनन के घरेलू स्तर पs बिक्री 18 प्रतिशत बढ़के 48,289 यूनिट्स रहल। हालांकि पिछला महीना एकर घरेलू वाणिज्यिक वाहनन के बिक्री सात प्रतिशत घट गइल। एकरा अलावे, महिंद्रा एंड महिंद्रा (एमएंडएम) लिमिटेड के कुल वाहन बिक्री 37 प्रतिशत बढ़के 64,335 यूनिट्स हो गइल। एह दौरान कुल यात्री वाहनन के बिक्री 65 प्रतिशत बढ़के 33,040 यूनिट्स हो गइल।

साभार: न्यूज 18

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]