[the_ad_group id="30365"]

एंटरटेनमेंट : सुतत रहले सैफ के घर के ‘सिक्योरिटी गार्ड’, दीवार फांद के इमारत में घुसल रहले आरोपी

सैफ अली खान
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अभिनेता सैफ अली खान के मंगल के दिने लीलावती अस्पताल से छुट्टी दे दिहल गइल बा. अबे कुछ दिन पहिले सैफ अली खान पs उनुका घर में चाकू से हमला भईल रहे। एकरा चलते सैफ घाही हो गईले अवुरी उनुका के तुरंत अस्पताल में भर्ती करावल गईल। एकरा संगे एs घटना के आरोपी के भी तीन दिन के भीतर मुंबई पुलिस ठाणे से गिरफ्तार कs लेले बिया। आरोपी बांग्लादेशी नागरिक हs अवुरी ओकर नाव शरीफुल इस्लाम शहजाद मोहम्मद रोहिल्ला अमीन फकीर ह। अब आरोपी से पूछताछ के बाद मुंबई पुलिस बहुत बड़ खुलासा कईले बिया। एहमें से एगो खुलासा इहो बा कि सैफ अली खान जवना बिल्डिंग में रहेलें ओकर दुनु गार्ड सुतल रहले. एकर फायदा उठावत आरोपी शहजाद आसानी से घर में घुस गईले।

आरोपी घर में कइसे घुसल?

सैफ पs भईल हमला के बारे में एगो पुलिस अधिकारी कहले कि, जवना बिल्डिंग में अभिनेता सैफ अली खान रहेले, ओमे दुनो सुरक्षा गार्ड सुतल रहले, तबे हमलावर देवाल से कूद के बिल्डिंग में घुस गईल। पुलिस के कहनाम बा कि आरोपी शहजाद के जब घर के दुनो सुरक्षाकर्मी गहिरा नींद में मिलल तs उs मुख्य दरवाजा से भवन में घुस गईले। इहाँ सीसीटीवी कैमरा ना लागल रहे।

आरोपी जूता उतार के मोबाइल भी बंद कs देले

पुलिस के मुताबिक, हल्ला से बचे खातीर आरोपी शहजाद आपन जूता उतार के अपना बैग में रखले रहले। आरोपी आपन फोन भी बंद कs देले रहले। जांच में पता चलल कि भवन के गलियारा में सीसीटीवी कैमरा ना लागल रहे। भवन के दुनो सुरक्षा गार्ड में से एगो केबिन में अवुरी दूसरा गेट के नजदीक सुतल रहे।

सैफ अली खान अब कइसन बाड़े?
लीलावती अस्पताल से छुट्टी मिलला के बाद सैफ अली खान उहाँ से कुछ दूरी पs स्थित अपना आवास ‘सतगुरु शरण’ पहुंच गईल बाड़े। सैफ मुस्कुरात घरे लवट आइल बाड़े। जानकारी के मुताबिक सैफ के रीढ़ के हड्डी में चोट लागल बा, जवना के चलते उनुकर न्यूरोसर्जरी भईल। एकरा संगे उनुका गरदन अवुरी हाथ पs लागल घाव के ठीक करे खातीर प्लास्टिक सर्जरी करावल गईल बा।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ बस कंडेक्टर से बॉलीवुड, दिलचस्प प्रेम कहानी आ फेर राजनेता, कुछ अइसन चलल सुनील दत्त के करावां

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]