Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

संरक्षा, समय पालन आ कुशल ट्रेन संचालन GM के प्राथमिकता: NER के पहिला महिला GM सौम्या माथुर लेली चार्ज

519

NER के नया पहिला महिला महाप्रबंधक GM सौम्या माथुर कहली कि संरक्षा, समय पालन, कुशल ट्रेन संचालन आ कर्मचारी कल्याण में सुधार ले आवल उनकर पहिला प्राथमिकता होई। इन्फ्रास्ट्रक्चर, परियोजनन आ अमृत स्टेशनन के कामन में तेजी ले आके ओकरा के समय से पूरा करावल जाई। ऊ ग्राहक संतुष्टि के अंतिम स्तर के हासिल करे खातिर जब शिकायतन के कम से कम करे के आवश्यकता पs जोर देली।

एकरा पहिले बुध के देर सांझ NER के पहिला महिला महाप्रबंधक GM सौम्या माथुर चार्ज ले लेली। महाप्रबंधक सौम्या माथुर रेलवे बोर्ड, नई दिल्ली में अपर सदस्य (वित्त) के पद पs कार्यरत रहली।

1987 बैच के IRAS अधिकारी हई GM सौम्या

सौम्या भारतीय रेल लेखा सेवा IRAS के 1987 बैच के अधिकारी हई। उनकर पहिला पोस्टिंग वड़ोदरा, पश्चिम रेलवे में भइल। अपर मंडल रेल प्रबंधक पश्चिम रेलवे (मुंबई सेंट्रल), मंडल रेल प्रबंधक उत्तर पश्चिम रेलवे (जयपुर), प्रधान वित्त सलाहकार (मेट्रो रेलवे- कोलकाता) आ प्रधान वित्त सलाहकार दक्षिण पूर्व रेलवे (कोलकाता) जइसन महत्वपूर्ण पदन पs रहल बाड़ी।

मंडल रेल प्रबंधक जयपुर रहते ऊ जयपुर स्टेशन के पूरा तरे से बदल देली। जवना के परिणाम ई भइल कि जयपुर प्लैटिनम ग्रीन रेटिंग प्राप्त करे वाला पहिला स्टेशन बन गइल। संगही जयपुर के स्वच्छता सर्वेक्षण में शीर्ष रेटिंग प्राप्त भइल।

सौम्या माथुर गांधीनगर आ जयपुर के पूरा तरे से महिला मुख्य लाइन स्टेशन के रूप में सफलतापूर्वक संचालित करवली। रेलवे बोर्ड उनका बदलाव के पहल खातिर बेस्ट चेंज एजेंट फार ट्रांसफार्मेशन इनिशिएटिव के स्पेशल अवार्ड देले बा।

673520cookie-checkसंरक्षा, समय पालन आ कुशल ट्रेन संचालन GM के प्राथमिकता: NER के पहिला महिला GM सौम्या माथुर लेली चार्ज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.