[the_ad_group id="30365"]

महाराष्ट्र में यूपी से गइल साधुअन के बेरहमी से पीटल गइल, गाड़ी से उतार के बरसावल गइल लाठी-डंडा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र में आए दिन साधुअन से मारपीट के घटना बढ़ते जा रहल बा। ताजा मामला बा सांगली के जहवाँ ग्रामीण लोग ‘बच्चा चोर’ समझ के चार साधुअन के बेरहमी से पिटाई कs देहलस। ई घटना मंगलवार के ह। पुलिस के अनुसार चारों साधु उत्तर प्रदेश के मथुरा के रहे वाले हवें अउरी कर्नाटक के बीजापुर से पंढरपुर दर्शन खातिर जात रहलें। पुलिस कहलस कि साधु लोग एह मामला में कौनो शिकायत दर्ज नाइ करवले बा लोग, एहलिए अभीन FIR दर्ज नाइ कइल गइल बा।

गाड़ी से उतार के साधुअन पर बरसावल गइल लाठी-डंडा

ई घटना सांगली के जाट तहसील के लवंगा गांव के ह, जब उत्तर प्रदेश के रहे वाले चार साधु एगो कार में कर्नाटक के बीजापुर से मंदिर शहर पंढरपुर ओर जात रहलें। ऊ सोमवार के गांव के एगो मंदिर में रुकल रहनें। एगो पुलिस अधिकारी कहलस कि मंगलवार के यात्रा फिर से शुरू करत समय, उ एगो लइका से राह पुछलें। एसे कुछ स्थानीय लोग के सुब्हा भइल कि ऊ लइकन के अपहरण करे वाला आपराधिक गिरोह के हिस्सा हवें। एकरे बाद कुछ ग्रामीण लोग गाड़ी से उतारकर साधुअन के ऊपर लाठी डंडा बरसावे लागल। उहवें पुलिस के एगो टीम मौका पर पहुंचल अउर पूछताछ में पवलस कि साधु वास्तव में उत्तर प्रदेश के एगो ‘अखाड़ा’ के सदस्य रहलें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]